[the_ad_group id="30365"]

Kedarnath Yatra 2023: मां गौरी के कपाट खुलला के संगे भइल केदारनाथ यात्रा के आगाज, 6 महीना तक कs सकेम दर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मां गौरी के कपाट खुलला के संगही केदारनाथ यात्रा (Kedarnath Yatra 2023) के आगाज हो गइल बा। केदारनाथ यात्रा के आधार शिविर गौरीकुण्ड इस्थित मां गौरी मंदिर (Maa Gauri Temple) के कपाट विधि विधान से खोल दिहल गइल बा।

गौरी गांव से मां गौरी के डोली के गौरीकुंड ले आवल गइल, जहां पs पूजा-अर्चना के बाद कपाट खोलल गइल। अब छव महीना तक मां गौरी के दर्शन भक्त इहवें कs सकी लोग। बता दीं कि हर साल के तरे एहु साल बैसाखी पर्व पs मां गौरी के कपाट विधि-विधान से खोल दिहल गइल बा। गरमी में मां गौरी के पूजा-अर्चना गौरीकुंड इस्थित गौरी मंदिर में कइल जाला, जबकि ठंडी में गौरी गांव में कइल जाला।

बड़ संख्या में मवजूद रहे लो भक्त

गौरी माई मन्दिर गौरीकुंड के मठापति सम्पूर्णानन्द गोस्वामी बतवलें कि बैशाखी परब पs गौरी गांव इस्थित चंडिका मन्दिर में भोरवा में पूजा-अर्चना कs के माता के मूर्ति को कंडी में रखके ढोल नगाड़न के संगे पूरा गांव के उपस्थिति में छव महीना खातिर गौरीकुंड इस्थित मां गौरी माई के मंदिर खातिर प्रस्थान करावल गइल। माता के एह यात्रा में बड़ संख्या में ग्रामीण, मन्दिर समिति कर्मचारी आ दूर-दराज से आइल भक्त मवजूद रहे लो।

आज से होई गौरी माई के पूजा

गांव से प्रस्थान कs के मां गौरी माई के डोली गौरीकुंड बाजार होत मन्दिर में पहुंचल, जहां पs बड़ संख्या में भक्त माता के स्वागत में उपस्थित रहे लो। सबेरे आठ बजे गौरी माई मन्दिर में विधि विधान आ वैदिक मंत्रोच्चार के संगे माता के मूर्ति के मन्दिर में रखल गइल आ माता के कपाट सब भक्तन के दर्शनार्थ छव महीना खातिर खोल दिहल गइल। आज से गौरी माई के पूजा हरदिन गौरीकुंड इस्थित गौरीमाई मन्दिर में होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]