[the_ad_group id="30365"]

UP News: भारत गौरव ट्रेन कराई धार्मिक स्थलन के दर्शन, मल्लिकार्जुन ज्योतिर्लिंग से लेके जाई कन्याकुमारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत गौरव ट्रेन धार्मिक स्थलन से लेके पहाड़न तक सुंदर स्थानन के दर्शन कराई। विशेष पैकेज के तहत पहिले आओ पहिले पाओ के आधार पs यात्रियन के एह सुविधा के लाभ मिली। ट्रेन मल्लिकार्जुन ज्योतिर्लिंग, तिरुपति बालाजी मंदिर (तिरुपति), रामनाथ स्वामी मंदिर (रामेश्वरम), मीनाक्षी मंदिर (मदुरै), कन्याकुमारी ले जाई।

सीपीआरओ पकंज कुमार सिंह बतवलें कि 10 रात आ 11 दिनन के यात्रा के सुरुआत 30 अप्रिल से हाेई। ट्रेन में गोरखपुर, बस्ती, गोंडा, अयोध्या कैंट, सुल्तानपुर, प्रतापगढ़, प्रयागराज संगम, ऊंचाहार, रायबरेली, लखनऊ, कानपुर, वीरांगना लक्ष्मीबाई स्टेशनन पs उतरे आ चढ़े के सुविधा दिहल जाई। ट्रेन में वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 49, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 70 आ स्लीपर श्रेणी के 648 बर्थ सहित कुल 767 बर्थ के सुविधा उपलब्ध बा।

कहलें कि वातानुकूलित द्वितीय क्लास में यात्रा खातिर प्रति व्यक्ति 47,033 रुपिया, पांच से 11 बरिस के लईकन खातिर 45,300 रुपिया खरचा करे के होई। वातानुकूलित तृतीय क्लास खातिर प्रति व्यक्ति 35,408 आ पांच से 11 बरिस के लईकन खातिर 33,964 रुपिया खर्च होई। स्लीपर में यात्रा खातिर 21,010 प्रति व्यक्ति आ पांच से 11 बरिस के लईकन के खातिर 19,783 रुपिया तय कइल गइल बा।

पैकेज में ट्रेन यात्रा, तीनो समय के भोजन के संगे होटल में रुके आ बसन द्वारा स्थानीय स्तर पs घूमावल सामिल बा। ईएमआई के सुविधो उपलब्ध बा। यात्रा खातिर आईआरसीटीसी के वेबसाइट www.irctctourism.com से ऑनलाइन बुकिंगो करावल जा सकत बा। ट्रेन से संंबंधित आउर जानकारी आ बुकिंग खातिर 8595924320, 8595924273 पs संपर्क कइल जा सकत बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]