[the_ad_group id="30365"]

सम्राट पृथ्वीराज के देख के योगी सरकार पs अखिलेश यादव के ताना, कइलें आटा रोटी के बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब उत्तर प्रदेश में फिलिम सम्राट पृथ्वीराज के लेके राजनीति शुरु हो गइल बा. एक ओर गुरुवार के जहां योगी मंत्रिमंडल इ फिल्म देखलस, उहाँ नेता प्रतिपक्ष अखिलेश यादव के इ फिल्म पसंद ना आईल। सपा प्रमुख सरकार के सलाह दिहलन कि यूपी के मौजूदा हालात भी देखल जाव. उ कहले कि वर्तमान के रोटी इतिहास के आटा से ना बनावल जा सकsता।

अखिलेश यादव ट्वीट करत कहले कि, ऐतिहासिक फिल्म देखला के बाद मंत्रिमंडल से निहोरा बा कि यूपी के वर्तमान हालत भी देखल जाए। इतिहास के आटा से आज के रोटी ना बनावल जा सकेला। चर्चा हो रहल बा कि योगी सरकार एह फिलिम के टैक्स फ्री घोषित कर सकेले.

दरअसल, राज्य के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु लोक भवन पहुंचले फिल्म ‘सम्राट पृथ्वीराज’ देखे खाती। ए मौका प बॉलीवुड अभिनेता अक्षय कुमार अवुरी अभिनेत्री मनुषी छिल्लर भी लोकभवन पहुंचले। एह फिलिम के खास प्रदर्शन लोक भवन सभागार में कइल गइल. यूपी में सीएम योगी एह फिलिम के टैक्स फ्री बना दिहले बाड़न.

फिल्म देखला के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अभिनेता अक्षय कुमार के अभिनय के खूब तारीफ कईले। एकरा से पहिले बुध का दिने गृहमंत्री अमित शाह आ अउरी केन्द्रीय मंत्री लोग एह फिलिम के पृथ्वीराज देखले बा. ऊ एह फिलिम में अक्षय कुमार आ मनुषी चिल्लर के अभिनय के बहुते तारीफ कइले बाड़न.

दरअसल अक्षय कुमार अभिनीत फिलिम सम्राट पृथ्वीराज काल्हु माने तीन जून के सिनेमा घरन में रिलीज होखी. ई फिलिम रिलीज होखे से पहिले भी सुर्खी में बनल बा। एकरा से पहिले अक्षय कुमार अवुरी मनुषी चिल्लर ए फिल्म के प्रचार खाती वाराणसी पहुंचल रहले। जहां अक्षय कुमार ना सिर्फ गंगा आरती कईले बालुक एक्शन हीरो के अंदाज में गंगा में कूद गईले, जिनकर वीडियो अब तेजी से वायरल होखता। एह फिलिम में अक्षय कुमार सम्राट पृथ्वीराज चौहान के किरदार में नजर अइहें. एकरा अलावे सोनू सूद, संजय दत्त अवुरी आशुतोष राणा जईसन दिग्गज कलाकार भी ए फिल्म में देखाई दिहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]