सैनिक हेलिकॉप्टर दुर्घटनाग्रस्त, मेजर भइने शहीद

Share

उत्तरी कश्मीर में गुरेज सेक्टर में नियन्त्रण रेखा के लग्गे शुक्रवार के सीमा सुरक्षा बल के बीमार कर्मचारियन के ले जाए आला ‘चीता’ हेलिकॉप्टर क्रैश हो गइल| एमे सहपायलट मेजर शहीद हो गइनें| उहें गंभीर रूप से घायल पायलट के अस्पताल में इलाज हो रहल बा| अधिकारी लोगन के कहनाम बा की खराब मौसम के वजह से अइसन भइल बा| शहीद मेजर संकल्प यादव जयपुर, राजस्थान के रहे आला हवें

रक्षा प्रवक्ता कर्नल इम्रों मुसावी बतवनें कि ई हेलिकॉप्टर लमसम 11:30 बजे क्रैश भइल| पहाड़ी छेत्र में तैनात बीएसएफ के एगो जवान के निकाले खातिर ‘चीता’ हेलिकॉप्टर बचाव अभियान में लागल रहल|

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-