Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर के नयका एसएसपी गौरव ग्रोवर संभाल लिहले कमान

कहले - अपराधी में डर अवुरी पीड़ित के न्याय दिहल प्राथमिकता बा, अपराध नियंत्रण खाती सभके मदद लीहें

270

गोरखपुर के नयका एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर सोमार का रात एहिजा आपन प्रभार सम्हार लिहलन. एनेक्स भवन में देर रात एसएसपी आपन पद सम्हार लिहले। एकरा से पहिले उ मथुरा के एसएसपी रहले। उ कहले कि अपराधी में पुलिस के डर अवुरी आम जनता के न्याय दिहल उनुकर प्राथमिकता होई।

सीएम सिटी के जिम्मेवारी मिलल गर्व के बात बा

डॉ. गौरव ग्रोवर कहले कि शहर के मुख्यमंत्री के पुलिस कप्तान के जिम्मेदारी मिलल हमरा खाती सौभाग्य के बात बा। हर संभव प्रयास कईल जाई कि सरकार अवुरी मुख्यमंत्री के मंशा के मुताबिक हरेक पीड़ित के तुरंत न्याय मिल जाए। एकरा संगे-संगे पुलिस के डर आजकल अपराधी में हो गईल बा, उ लोग के अयीसने करत रहे के चाही।

उ कहले कि अपराध नियंत्रण खाती सभके मदद लिहल जाई। काहे कि अपराध रोकल अकेले पुलिस के हाथ में संभव नईखे। एकरा खाती सभके जागरूक होखे के जरूरत बा अवुरी पुलिस के संगे कदम मिला के चले के जरूरत बा।

पुलिस के आम जनता के संगे निमन व्यवहार करे के पड़ी

एसएसपी कहले कि सामान्य तौर प पुलिस अवुरी जनता के बीच बहुत दूरी बा। कुछ पुलिस कर्मियन के गलत व्यवहार का चलते जनता पुलिस से डेरात बिया, ओह लोग का साथे ना जुड़ल चाहत बिया. जबकि पुलिस के डर जनता में ना, अपराधी में होखे के चाही।

पुलिस जनता के सेवा करे खातिर बा, ओकर मदद करे खातिर बा, ओकरा के डेरवावे खातिर ना. बाकिर एह सब चीजन के दूर करे के काम कइल जाई आ सभे के एक संगे जोड़ के एहिजा एगो नया माहौल बनावल जाई.

डॉ. गौरव जिला के 65वें कप्तान बने

डॉ. गौरव ग्रोवर मूल रूप से पंजाब बथिंडा के रहे वाला हउवें आ साल 2013 के बैच के आईपीएस अधिकारी हउवें. करीब ढाई साल तक मथुरा में एसएसपी के पद प काम कईला के बाद अब उनुका के सरकार के ओर से जिला के 65वां कप्तान के रूप में गोरखपुर में तैनात कईल गईल बा।

पहिले डाक्टर तब आईपीएस बनलन

एकरा संगे-संगे डॉ. गौरव ग्रोवर आईपीएस बने से पहिले पंजाब में एमबीबीएस के डॉक्टर रहले। एकरा बाद उ साल 2013 के बैच के आईपीएस बन गईले। मथुरा के अलावे उ सपा बहराइच में भी रह चुकल बाड़े। पुलिस कप्तान के रूप में उनुका तीसरा पोस्टिंग गोरखपुर में मिलल।

287140cookie-checkगोरखपुर के नयका एसएसपी गौरव ग्रोवर संभाल लिहले कमान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.