[the_ad_group id="30365"]

सहारा ग्रुप के कंपनियन के राहत के खिलाफ आजु सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुप्रीम कोर्ट बुध का दिने कहलसि कि ऊ गुरुवार के गंभीर धोखाधड़ी जांच कार्यालय (एसएफआईओ) के ओर से दायर याचिका के सुनवाई करी जवना में सहारा समूह के नौ गो कंपनियन के जांच पर रोक लगावे के हाईकोर्ट के आदेश के चुनौती दिहल गइल बा. मामला जस्टिस डीवाई चंद्रचूड अवुरी जस्टिस बेला एम त्रिवेदी के छुट्टी के पीठ के सोझा सुनवाई खातिर आईल।

सहारा समूह के कंपनियन खातिर पेश वकील गुरुवार के पीठ से मामला के सुनवाई करे के निहोरा कईले। उ बतवले कि ए मामला में उनुका के अगुवाई करेवाला वरिष्ठ अधिवक्ता कपिल सिब्बल शहर में नईखन। कॉरपोरेट धोखाधड़ी के जांच करेवाला एसएफआईओ के पक्ष में हाजिर सॉलिसिटर जनरल तुषार मेहता कहले कि उनुका ए निहोरा प कवनो आपत्ति नईखे।

दिल्ली हाईकोर्ट के आदेश के खिलाफ एसएफआईओ 13 दिसंबर 2021 के सुप्रीम कोर्ट में अपील कईले रहे। दिल्ली हाईकोर्ट सहारा समूह प्रमुख अवुरी बाकी लोग के खिलाफ दंडात्मक कार्रवाई अवुरी लुकआउट नोटिस समेत ओकरा बाद के सभ कार्यवाही प रोक लगा देले रहे।

सहारा समूह के कंपनियन के राहत देबे वाला दिल्ली हाईकोर्ट के आदेश के चुनौती देत ​​सुप्रीम कोर्ट 17 मई के एसएफआईओ के याचिका पर विचार करे पर सहमत हो गइल.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]