[the_ad_group id="30365"]

हीरोइन बनिहें सचिन के बेटी सारा? शूटिंग सेट से वीडियो वायरल! मिनी ड्रेस में लगली हसीन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सचिन तेंदुलकर के बेटी सारा तेंदुलकर बॉलीवुड स्टारकिड्स के ही तरह खूब सुर्खियन में रहेली । सारा के लुक्स से लेके उनकरी पर्सनल लाइफ पs फैंस के नजर बनल रहेला। सोशल मीडिया पs सारा के अच्छा-खासा फैन फॉलोइंग बा। पिछिला दिन सारा खूब सज-धज‌‌ के अनंत-राधिका के शादी में पहुंचलीं , जहवां उनकरी लुक देख फैंस उन पs लट्टू हो ग‌इना। एs दौरान सारा खूबसूरत पिंक कलर कs मिरर वर्क लहंगा पहिनले रहली, जेमें उs बेहद हसीन लागत रहली । अब सारा एक बेर फेर सुर्खियन में बाटीं, बाकिर एs बेर वजह उनकर लुक आ उनकर पर्सनल लाइफ नाहीं बल्कि उनकी प्रोफेशनल लाइफ हs।

चर्चा में सारा तेंदुलकर के वीडियो

हाले में सारा तेंदुलकर के एगो वीडियो सामने आ‌इल, जेके देखले के बाद सब सवाल क‌इल सुरू क‌s दिहल कि का सचिन तेंदुलकर के बेटी सारा तेंदुलकर आपन बॉलीवुड डेब्यू करे जात ह‌ई? उनकर हालिया आउटिंग के वीडियो सामने अवते ही सारा के बॉलीवुड डेब्यू के अफवाह के हवा मिल ग‌इल । बुध के सारा अपने साथियन के साथे मुंबई के पाली हिल इलाका में घूमत नजर अइली।

सारा तेंदुलकर के हs एक्टिंग में दिलचस्पी

अइसन चर्चा हs कि सारा अपने बॉलीवुड डेब्यू के तैइयारी करत बाड़ी। एs साल के शुरुआत में टेली चक्कर के एगो रिपोर्ट में इहो दावा क‌इल ग‌इल रहै की सचिन तेंदुलकर के लाडली के अभिनय के ओर खासा रुझान आ उs अभिनय में करियर बन‌वले में रुचि रखेला । सारा तेंदुलकर जल्दीये बॉलीवुड में डेब्यू क‌s सकेली आ एकरे खातिर उs कुछ एक्टिंग क्लासेस अटेंड क‌रत बाडी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]