रूस के स्कूल में गोलीबारी, नौ लइकन के मौत, 20 लोग घायल, हमलावर खुद के भी मरलस गोली

Share

मध्य रूस के इजेव्स्क में एगो स्कूल में गोलीबारी के खबर आइल बा। यूक्रेन जंग के बीच एह खबर से सनसनी फइल गइल बा। रूस के सरकारी समाचार एजेंसी टास (TASS) ई खबर देहलस।  गोलीबारी के घटना इजेव्स्क के स्कूल नंबर 88 में भइल। हमलावर गोलीबारी काहें कइलस, ई अभिन पता नाइ चलल बा।

टास के अनुसार एगो बंदूक वाला सोमार के रूसी शहर इजेव्स्क के एगो स्कूल में गोलियां चला देहलस। टेलीग्राम मैसेंजर ऐप पर एगो बयान में क्षेत्र के गवर्नर अलेक्जेंडर ब्रेचलोव कहलें कि स्कूल में सुरक्षा अउरी राहत अउरी बचाव टीम पहुंच गइल बा। मृतकन में बचवे शामिल बानें। गवर्नर बतवलें कि हमलावर खुद के गोली से उड़ा लिहलस। रूस के आंतरिक मंत्रालय बतवलस कि कम से कम 9 लोग मारल गइल बानें अउरी 20 लोग घायल बानें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-