[the_ad_group id="30365"]

रूस कइलस बर्बाद! यूक्रेन में टूटल बांध से कई गो शहरन में सैलाब, पानी में बहत रहे लास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रूस के एह धमाका के चलते ई बांध टूट गइल जवना के चलते अरबों गैलन पानी बह गइल बा। एकरे कारण यूक्रेन के कई गो छोट शहर आ निचला इलाका सभ में पानी भर गइल बा। पानी में लोग के लाश तैर रहल बा।

रूस यूक्रेन युद्ध : रूस आ यूक्रेन के बीच युद्ध भयंकर हो गइल बा। रूस के लगातार हमला आ यूक्रेन से जवाबी हमला के बीच रूस खेरसॉन प्रांत के विशाल कखोवका बांध पs बड़हन हमला क दिहले बा। रूस के एह धमाका के चलते ई बांध टूट गइल जवना के चलते अरबों गैलन पानी बह गइल बा। एकरे कारण यूक्रेन के कई गो छोट शहर आ निचला इलाका सभ में पानी भर गइल बा। घरन में पानी भरे लागल बा। भारी संख्या में प्रभावित लोग पलायन करे के मजबूर बाड़े। खाली इंसान ही ना, बहुत संख्या में जानवर भी प्रभावित बा।

एंतोन्विका शहर पूरा तरह से डूब गईल

कखोवका के विस्फोट से उड़ा दिहल गईल। यूक्रेन एह काम खातिर रूस के जिम्मेदार ठहरवले बा। बाकिर रूस बेबाकी से कहलस कि एह घटना से ओकर कवनो लेना-देना नइखे। दूसर ओर बांध टूटला के चलते लगभग 30 गांव-कस्बा बाढ़ के चपेट में बा, हजारों घर डूब गईल बा, काखोवका बांध से करीब डेढ़ किलोमीटर दूर काजकोवा डिब्रूवा चिड़ियाघर पूरा तरीका से पानी में डूब गईल बा। कई गो वन्यजीव के मउत हो चुकल बा। एंतोन्विका कस्बा पूरा तरह से पानी में डूब गइल।

जेलेंस्की के दावा बा कि पानी में बहत बहुत लाश

यूक्रेन के राष्ट्रपति जेलेंस्की के दावा बा कि नीपर नदी पर कखोवका बांध टूटला के बाद जवना इलाकन में बाढ़ के सामना करे के पड़त बा ओह इलाका में लोग के लाश पानी में बहत बा। सैटेलाइट के फोटो एह भयावह दृश्य गवाह बा। बाढ़ के चलते बहुत लोग के मउत हो चुकल बा। बता दी कि रूस आ यूक्रेन के बीच युद्ध 24 फरवरी 2022 से चलत बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]