रूस के कजान में ड्रोन से 9/11 जइसन हमला, बहुमंजिला इमारत के बनवलस निशना

Minee Upadhyay
रूस के कजान में ड्रोन से 9/11 जइसन हमला

रूस के कजान में ड्रोन के इस्तेमाल से 9/11 जइसन हमला भइल बा. राजधानी मास्को से 720 किलोमीटर दूर कजान में एगो ऊँच इमारत के निशाना बनावल गइल. एह हमला के वीडियो भी सामने आइल बा। जवना में एगो ड्रोन बिल्डिंग से टकरावत लउकत बा. यूक्रेन पs एह हमला के आशंका बा. दोसरा तरफ यूक्रेन के खिलाफ लड़ाई लड़े खातिर रूस भेजल उत्तर कोरियाई सैनिक यूक्रेन के ड्रोन के पता लगावे खातिर अउरी निगरानी चौकी बनवले बाड़े. यूक्रेन के सैन्य खुफिया सेवा ई जानकारी दिहले बिया. खबर बा कि एह युद्ध में उत्तर कोरिया के सेना के भारी नुकसान भइल बा.

यूक्रेन के रक्षा खुफिया एजेंसी मंगल के दिने अपना वेबसाइट पs एकर खुलासा कइलस जब अमेरिका पहिला बेर एह बात के पुष्टि कइलस कि यूक्रेन के खिलाफ रूसी सेना के साथे उत्तर कोरिया के महत्वपूर्ण नुकसान भइल बा. डीआईयू के बयान में कहल गईल कि, गंभीर नुकसान भईला के बाद डीपीआरके (उत्तर कोरिया) के यूनिट यूक्रेन के सुरक्षा अवुरी रक्षा बल के ड्रोन के पता लगावे खातीर अतिरिक्त निगरानी चौकी लगावल शुरू कs देलस। रूस अबहियो पश्चिमी सीमावर्ती इलाका कुर्स्क में उत्तर कोरियाई सैनिकन के इस्तेमाल करत बा.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment