पीएम मोदी के मिलल कुवैत के सबसे बड़ सम्मान- ‘द ऑर्डर ऑफ मुबारक अल कबीर

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 22, 2024

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर से दू दिन के कुवैत यात्रा पs बाड़न. कुवैत के अमीर के मुख्य महल ‘बायन पैलेस’ में अतवार के दिने पीएम मोदी के गार्ड ऑफ ऑनर दिहल गइल बा.

Share

पीएम मोदी के मिलल कुवैत के बड़ सम्मान 'द ऑर्डर ऑफ मुबारक अल कबीर'

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर से दू दिन के कुवैत यात्रा पs बाड़न. कुवैत के अमीर के मुख्य महल ‘बायन पैलेस’ में अतवार के दिने पीएम मोदी के गार्ड ऑफ ऑनर दिहल गइल बा. बता दीं कि पीएम मोदी कुवैत के अमीर शेख मेशाल अल-अहमद अल-जबर अल-सबा के निमंत्रण पs कुवैत चहुँप गइल बाड़न.  पिछला 43 साल में कवनो भारतीय पीएम के कुवैत के ई पहिला दौरा बा.  एकरा संगे एs यात्रा के महत्व के देखत कुवैत अब अपना सबसे बड़ सम्मान ‘द ऑर्डर ऑफ मुबारक अल कबीर’ से पीएम मोदी के सम्मानित कईले बा।

पीएम मोदी के 20वां अंतर्राष्ट्रीय सम्मान
कुवैत आपन सर्वोच्च सम्मान ‘द ऑर्डर ऑफ मुबारक अल कबीर’ भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दिहलस.  बता दीं कि ई 20वां अंतर्राष्ट्रीय सम्मान हs जवन कवनो देश पीएम मोदी के दिहल जाता. मुबारक अल कबीर के सम्मान के कुवैत नाइटहुड के रूप में मानल जाला।  ई सम्मान दोस्ती के संकेत के रूप में राष्ट्राध्यक्ष, विदेशी सार्वभौम आ विदेशी राजघराना के सदस्यन के दिहल जाला।  पीएम मोदी से पहिले ई सम्मान बिल क्लिंटन, प्रिंस चार्ल्स आ जॉर्ज बुश जइसन विदेशी नेता लोग के दिहल गइल बा.

पीएम मोदी आ कुवैत के अमीर के मुलाकात

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कुवैत के क्राउन प्रिंस सबा अल-खालिद अल-सबा से भेंट कइले बाड़न आ कुवैत के अमीर शेख मेशाल अल-अहमद अल-जबर अल सबा से द्विपक्षीय बातचीत कइले बाड़न. पीएम मोदी ट्वीट कईले कि, “कुवैत के अमीर शेख मेशाल अल-अहमद अल-जबर अल सबा के संगे एगो अद्भुत मुलाकात भईल। हमनी के अपना देश के बीच फार्मास्यूटिकल्स, आईटी, फिनटेक, इंफ्रास्ट्रक्चर अवुरी सुरक्षा जईसन प्रमुख क्षेइंफ्रास्ट्रक्चरs चर्चा कईनी।  हम आशावादी बानी कि आवे वाला समय में हमनी के दोस्ती अवुरी बढ़ी।”  बता दीं कि एकरा बाद भारत आ कुवैत के बीच प्रतिनिधिमंडल स्तर के बातचीत भी भईल|


इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ सदाबहार सुंदरी आ हिट फिलिमन के गारंटी रहली ‘मधुबाला’, बाकिर अपने आखिरी समय में काहें हो गइली एकदम अकेल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.