PM Modi: प्रधानमंत्री मोदी दु दिवसीय दौरा पs कुवैत रवाना, 43 बरिसन में कवनो भारतीय पीएम के पहिला दौरा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2024

भारतीय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कुवैत के दु दिवसीय दौरा पs रवाना हो गइल बाड़ें। प्रधानमंत्री कुवैत के शेख मेशाल अल अहमद अल जबार अल सबाह के बुलावा पs कुवैत गइल बाड़ें। ई बीतल 43 बरिसन

Share

पीएम मोदी - फोटो : एक्स/पीएमओ


भारतीय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कुवैत के दु दिवसीय दौरा पs रवाना हो गइल बाड़ें। प्रधानमंत्री कुवैत के शेख मेशाल अल अहमद अल जबार अल सबाह के बुलावा पs कुवैत गइल बाड़ें। ई बीतल 43 बरिसन में कवनो भारतीय प्रधानमंत्री के पहिला कुवैत दौरा हs। कुवैत रवाना होखे से पहिले सोशल मीडिया पs साझा एगो पोस्ट में पीएम मोदी लिखलें कि ‘भारत आ कुवैत खाली बेयपार आ ऊर्जा साझेदार बा, बलुक पश्चिम एशिया में शांति, सुरक्षा आ इस्थिरता में साझा रुचि बा। हमनी के कुवैत के संगे ऐतिहासिक संबंधन के बहुत महत्व देवेनी सs, जवन पीढ़ियन से चलल आ रहल बा।

प्रधानमंत्री लिखलें कि एह दौरा से दुनो देसन के संबंध आउर मजबूत होई। प्रधानमंत्री कुवैत के अमीर, युवराज आ प्रधानमंत्री से मुलाकात करिहें। आज कुवैत पहुंचला के बाद पीएम मोदी सांझी खा भारतीय मूल के लोगन से मुलाकात करिहें। कुवैत में पीएम मोदी अरैबियन गल्फ कप के उद्घाटन समारोह में सामिल होइहें।

Read Also: Gorakhpur: एमएलसी के फार्म हाउस से सोलर लाइट के 9 बैट्री चुरा ले गइलें सs चोर, केस दर्ज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.