रुपांतर नाट्य मंच, गोरखपुर के मौलिक भोजपुरी प्रस्तुति “कहत भिखारी” के मंचन “राष्ट्रीय नाट्य महोत्सव, वाराणसी में 7 के

Share

रुपांतर नाट्य मंच, गोरखपुर के मौलिक भोजपुरी प्रस्तुति “कहत भिखारी” के मंचन “राष्ट्रीय नाट्य महोत्सव, वाराणसी में 7 दिसंबर के होई। ई राष्ट्रीय नाट्य महोत्सव 5 से 9 दिसंबर 2022 तक आयोजित बा।

बता दीं कि एह नाटक में लेखन अपर्णश मिश्र आ निर्देशन सुनील जायसवाल जी के बा। बातचीत में नाटक के निर्देशक सुनील जी बतवनी कि 7 दिसंबर, 2022 के दिन बुध के साँझ 5:30 बजे से नागरी नाटक मंडली, कबीर चौरा, वाराणसी एह नाटक के प्रदर्शन होई। एह अवसर पs रउआ सभे के स्वागत बा।

धेयान देवे आला बात ई बा कि नाटक “कहत भिखारी” के नाट्यालेख भोजपुरी के महानायक भिखारी ठाकुर जी के जीवनी ना हs बलुक उनका व्यक्तित्व के ऊ पहलु हs, जवन एगो कलाकार, रचयिता आ सृजनकर्ता के हs, एही पक्ष के कड़ीबद्ध पिरो के एगो सूत्र में बांधे के प्रयास हs

ई एगो कलाकार के अंदर ले कसमसाहट आ तड़प आउर  कलाकार से महानायक बनला के कहानी हs।

भोजपुरी भाषा मे, गवई शैली, लोक नृत्यन आ लोक गीतन से सजल एह नाट्य प्रस्तुति में ठाकुर जी द्वारा रचित पांच नाटकन के संक्षिप्त उपयोग उनकर जीवनगाथा के गति देवे खातिर कइल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-