Gorakhpur: सजी सितारन के महफिल, सोनू निगम, कैलाश खेर मचाई लोग गोरखपुर महोत्सव में धूम

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 7, 2022

Gorakhpur: प्रशासन गोरखपुर महोत्सव के लेके खास तइयारी कइले बा। अबकी बेर बॉलीवुड सिंगर सोनू निगम, कैलाश खेर आ कनिका कपूर महोत्सव में धूम मचाई लोग। एह लोग के सुरन पर गोरखपुर के लोग झूमी।

Share

Gorakhpur: प्रशासन गोरखपुर महोत्सव के लेके खास तइयारी कइले बा। अबकी बेर बॉलीवुड सिंगर सोनू निगम, कैलाश खेर आ कनिका कपूर महोत्सव में धूम मचाई लोग। एह लोग के सुरन पर गोरखपुर के लोग झूमी।

एकरा संगही भोजपुरी नाइट खातिर मालिनी अवस्थी सहित कइयन गो आउर कलाकारन से वार्ता चल रहल बा। गोरखपुर महोत्सव 11 से 13 जनवरी 2023 तक आयोजित होई। 13 जनवरी के सांझ सोनू निगम आ 11 जनवरी के कनिका कपूर के सुरन पर लोग झूमी।

जानकारी के मोताबिक, भजन संध्या खातिर कन्हैया मित्तल के नाम के चरचा बा।

भोजपुरी नाइट खातिर चंदन तिवारी, कल्पना आ मालिनी अवस्थी के चरचा कइल जा रहल बा। महोत्सव में कइयन तरह के प्रदर्शनियो लगावल जाई। जेमें पुस्तक प्रदर्शनी, विज्ञान प्रदर्शनी, सरस मेला सामिल बा। खानपान के स्टाल के लेके आवेदन के प्रक्रिया जल्दिये सुरू कइल जाई।

गोरखपुर के क्षेत्रीय पर्यटक अधिकारी रवींद्र कुमार मिश्रा बतावलें कि गोरखपुर महोत्सव के लगातार बेहतर बनावे के प्रयास कइल जा रहल बा। कुछ गायकन के नाम फाइनल हो चुकल बा। कुछ लाेगन से बात चल रहल बा। जल्दिये सब नामन पर अंतिम मुहर लग जाई। आयोजन खातिर टेंडर निकालल जा चुकल बा।

महोत्सव में जिला के लोक कलाकारन के बढ़ावा दिहल जाई। महोत्सव में पारंपरिक खेलकूद, प्रतियोगिताएं करावल जाई। संगही माध्यमिक, उच्च माध्यमिक आ उच्च शिक्षा स्तर पर लईकन के ओर से अलग-अलग कार्यक्रम आ प्रतियोगिता आयोजित होई। एकरा संगही शिल्प मेला के आयोजनो होई।

साभार: वन इंडिया डॉट कॉम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.