Root vs Bumrah: टीम इंडिया के जीत खातिर बुमराह के चलल जरूरी, उनका खिलाफ हमेशा खामोश रहल बा जो रूट के बल्ला

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ इंग्लैंड के बीच पहिला टेस्ट लीड्स में सुक से सुरू होई। शुभमन गिल के नेतृत्व में एगो नवहा टीम इंडिया एह दौरा पs गइल बा। एही के संगे टीम इंडिया के एगो नया युग के सुरुआत हो जाई। एह सीरीज में बहुत कुछ भारत के सबसे अनुभवी तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह पs निर्भर होई। ओहिजा, इंग्लैंड के टीम बहुत हद तक अपना सबसे अनुभवी बल्लेबाज जो रूट पs निर्भर रही। अइसन में जब ई दुनो आमने-सामने आई लोग तs दिलचस्प टक्कर देखे के मिली। पिछला कुछ सीरीज में बुमराह रूट पs भारी साबित भइल बाड़ें। अइसन में जदि बुमराह एह सीरीज में चलत बाड़ें आ रूट के विकेट आसानी से निकाले में कामयाब होत बाड़ें तs टीम इंडिया खातिर मवका बन सकत बा।

Read Also: Test Cricket: अब चार दिन के होई टेस्ट मैच, एह नियम के कब से लागू करी ICC? भारत सहित तीन टीम रही अपवाद

रूट खातिर आसान ना होई बुमराह के खेलल

बुमराह आ रूट - फोटो : ANI
बुमराह आ रूट – फोटो : ANI

बुमराह ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पिछला सीरीज में वन मैन आर्मी रहल रहस। ऊ एह दौरा पs 32 विकेट निकलले रहस। भारत जवन एकमात्र टेस्ट जीतले रहे, ओमे बुमराह बेहतरीन गेंदबाजी कइले रहे। ओहिजा, भारतीय टीम ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आखिरी टेस्ट जीत जाइत जदि बुमराह चोटिल होके मैदान से बाहर ना गइल रहते। अब उ इंग्लैंड के परिस्थितियन में ओह कमाल के दोहरा सकत बाड़ें। इंग्लैंड के पिच तेज गेंदबाजन के मदद करेले। रूट खातिर उनका के खेलल आसान ना होई। बुमराह टेस्ट में रूट के 24 पारियों में नव बेर आउट कइलें बाड़ें । रूट टेस्ट में बुमराह के सबसे पसंदीदा शिकार रहल बाड़ें। एकरा बाद पैट कमिंस (8 बार) आ ट्रेविस हेड (6 बार) के नंबर आवेला। बुमराह रूट के एक बेर बोल्ड, चार बार कैच आउट, एक बेर विकेट के पीछे कैच करवले बाड़ें। तीन बार बुमराह रूट के एल्बीडब्ल्यू आउट कइले बाड़ें।

Read Also: WTC 2025-27 Schedule: शुभमन के टीम के सामने तीन बिदेसी दौरा, द. अफ्रीका-ऑस्ट्रेलिया आ इंग्लैंड खातिर रास्ता कठिन

SENA देसन में खास मिशन पs जसप्रीत बुमराह

ओहिजा, रूट बुमराह के खिलाफ 31.77 के औसत से मात्र 286 रन बना सकल बा। एह दौरान उनकर स्ट्राइक रेट 51.16 के रहल बा। बुमराह के खिलाफ रूट कुल मिलाके 559 गेना के सामना कइले बाड़ें आ 411 डॉट गेना खेलले बाड़ें। रूट भारतीय तेज गेंदबाज के खिलाफ 36 चौका लगवले बाड़ें। अइसन में दुनो के बीच एह सीरीज में दिलचस्प टक्कर देखे के मिली। दुनु खिलाड़ी मिशन पs बा लो। एकतरफ बुमराह SENA देसन (दक्षिण अफ्रीका, इंग्लैंड, न्यूजीलैंड, ऑस्ट्रेलिया) में 150 विकेट लेवे वाला पहिला भारतीय गेंदबाज बने से पांच विकेट दूर बाड़ें। एतनही ना एगो पांच विकेट हॉल से उ SENA देसन में 10 बार पांच विकेट हॉल लेवे वाला पहिला भारतीय गेंदबाज बन जइहें।

Read Also: Sports Update: बीजिंग पैरा पावरलिफ्टिंग विश्व कप में भाग ली 16 सदस्यीय भारतीय टीम, 17 जून से होई आगाज

रूट कs रहल बाड़ें सचिन के रन के रिकॉर्ड के पीछा

बुमराह आ रूट - फोटो : ANI
बुमराह आ रूट – फोटो : ANI

ओहिजा, रूट मवजूदा समय में टेस्ट में पांचवां सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज हवे। उ 13,006 रन बनवलें बाड़ें। उ सचिन तेंदुलकर के टेस्ट में सबसे जादे 15,921 रन के पीछा करत बाड़ें। रूट सचिन के टेस्ट रन से खाली 2915 रन दूर बाड़ें। जवना गति से उ रन बना रहल बाड़ें आ जवना फॉर्म में उ बाड़ें, जदि उ फिट रहलें आ उनका फॉर्म में गिरावट ना आइल तs अगिला तीन-चार साल में सचिन के पीछे छोड़के टेस्ट में सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज बन जइहें। रूट 2021-23 विश्व टेस्ट चैंपियनशिप चक्र में 1915 रन आ 2023-25 डब्ल्यूटीसी चक्र में 1968 रन बनवले रहस। एतने ना, रूट टेस्ट में 36 शतक लगा चुकल बाड़ें आ उ सचिन के 51 शतक, जैक कैलिस के 45 शतक आ रिकी पोंटिंग के 41 शतक से कुछे डेग दूर बाड़ें। बुमराह आ रूट में के एक दूसरा पs हावी होई, ई सुक से लीड्स में सुरू हो रहे टेस्ट में पता चल जाई।

Join Us: Whatsapp: व्हाट्सएप पs जुडे़ खातिर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-