Sports Update: बीजिंग पैरा पावरलिफ्टिंग विश्व कप में भाग ली 16 सदस्यीय भारतीय टीम, 17 जून से होई आगाज

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के 16 सदस्यीय टीम 17 से 25 जून तक बीजिंग में होखे वाला 2025 पैरा पावरलिफ्टिंग विश्व कप में भाग लिही। एह टीम में जैनब खातून, सीमा रानी, झंडू कुमार, जॉबी मैथ्यू,

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के 16 सदस्यीय टीम 17 से 25 जून तक बीजिंग में होखे वाला 2025 पैरा पावरलिफ्टिंग विश्व कप में भाग लिही। एह टीम में जैनब खातून, सीमा रानी, झंडू कुमार, जॉबी मैथ्यू, मनीष कुमार आ कस्तूरी जइसन खिलाड़ी सामिल बा लोग। ई सभे हाले में संपन्न राष्ट्रीय चैंपियनशिप में प्रभावित कइले रहे।

खिलाड़ियन खातिर अतवार के भव्य विदाई समारोह के आयोजन कइल गइल रहे। जेमे भारतीय पैरालंपिक समिति (पीसीआई) के पूर्व अध्यक्ष दीपा मलिक, वर्तमान पीसीआई महासचिव जयवंत हमनवर आ भारत पैरा पावरलिफ्टिंग के अध्यक्ष जेपी सिंह मवजूद रहे लोग।

सिंह कहलें, भारत हर टूर्नामेंट के संगे वैश्विक पैरा पावरलिफ्टिंग बिरादरी में खुद के एगो ताकत के रूप में स्थापित कs रहल बा। हमनी के खिलाड़ी सानदार फॉर्म में बा लोग आ हमनी के चीन में बेहतर प्रदर्शन के उम्मीद कs रहल बानी सs।

Read Also: IND vs ENG: सचिन उठवलें पटौदी के विरासत के बरकरार रखे के मांग; फैंस खुस होके बोलल लोग-एके गो दिल बा, केतना बार जीतेम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.