Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rohtak Wife Murder: इंटरनेट चलावे खातिर ना देलख हॉटस्पॉट तs पति पत्नी के हत्या कs देलख

372
Google Ads 300*250 for posts

रोहतक हत्या : हरियाणा के रोहतक में एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आइल बा। इहाँ पति अपना पत्नी के हत्या कs देलस। घटना के बाद आरोपी मौका से फरार हो गइल आ जब मोहल्ला के लोग के एकरा बारे में पता चलल तs पुलिस के सूचना देले।

हर रोज लेखा रेखा 30 जुलाई के हरियाणा के रोहतक जिला के मदीना गांव में अपना घर के काम में व्यस्त रहली। दुपहरिया के एक बजे के करीब ऊ अपना घर के आँगन में जानवर के बाड़े के सफाई करत रहली, तबे उनकर पति अजय उनका से मोबाइल के हॉटस्पॉट चालू करे के कहलख। रेखा अजय के ओ समय काम में व्यस्त होखे के हवाला देत मना कs देली। एह मामिला के लेके दुनो लोग के बीच बकझक भइल आ हॉटस्पॉट ना चालू करे के ई छोट बात अजय के एतना चिढ़ा देलस कि ऊ घर के भीतर राखल एगो तेज हथियार उठा के रेखा पs बेरहमी से हमला क देलस, जवना के चलते उनकर मौत हो गइल।

अपराध कइला के बाद आरोपी मौका से फरार हो गइल आ जब मोहल्ला के लोग के एकरा बारे में पता चलल तs केहु पुलिस के सूचना देलस। अकबरपुर थाना जब मौका पs पहुंचले तs घटना देख के ऊ लोग स्तब्ध रह गइले। रेखा के लाश घर के आँगन में पड़ल रहे। पुलिस तुरंत एफएसएल के टीम के बोला के मौका के निरीक्षण कइलस आ मौका से सबूत जुटा लिहलस। एकरा बाद लाश के पोस्टमार्टम खातीर रोहतक पीजीआई भेजल गइल, रेखा के भाई राजेश पुलिस के दिहल शिकायत में बतवले कि 10 साल पहिले उनकर बहिन के बियाह मदीना गांव के अजय से भईल रहे । दुनु के दू गो लइका बाड़े आ अजय खाली खेती में काम करे आ सनकी स्वभाव रहे। उ अक्सर झगड़ा करत रहे आ दिन भर मोबाइल के इस्तेमाल करत रहे आ केहु टोके तs खूब खिसियाए। ओकरा कवनो अंदाजा ना रहे कि ऊ अइसन अपराध कर सकेला।

बहु अकबरपुर थाना प्रभारी महेश कुमार बतवले कि आरोपी के गिरफ्तार क न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा। घटना में इस्तेमाल भइल तेज हथियार ‘कुल्हाड़ी’ भी बरामद हो गइल बा। पुलिस के मुताबिक आरोपी बतवलख कि ऊ अपना पत्नी से हॉटस्पॉट चालू करे के कहले रहे, बाकी ऊ मवेशी के शेड में काम करत रहली, एहसे जब ऊ ओ समय ना मनली तs ओकरा बुरा लागल आ गुस्सा के झटका में ऊ अइसन अपराध कs देलख। पुलिस के कहनाम बा कि, एहसे पहिले आरोपी के खिलाफ कवनो मामला दर्ज नइखे भइल। अभी तक ए मामला में कवनो अउरी आदमी के शामिल होखे के बात सोझा नइखे आइल।

913050cookie-checkRohtak Wife Murder: इंटरनेट चलावे खातिर ना देलख हॉटस्पॉट तs पति पत्नी के हत्या कs देलख

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.