Gorakhpur News: भोजपुरी अभिनेत्री से वीडियो कॉल पs बात करत पिस्टल से उड़ा लेलस आपन भेजा

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 1, 2024

गोरखपुर। पिपराइच नगर पंचायत के संविदा कर्मी अखिलेश शर्मा (28) ने मंगर के देर रात वीडियाे कॉल पs भोजपुरी अभिनेत्री से बात करत कनपटी पs पिस्टल से गोली मारके खुदकुशी कs लेलस। गोली चलला के

Share

गोरखपुर। पिपराइच नगर पंचायत के संविदा कर्मी अखिलेश शर्मा (28) ने मंगर के देर रात वीडियाे कॉल पs भोजपुरी अभिनेत्री से बात करत कनपटी पs पिस्टल से गोली मारके खुदकुशी कs लेलस। गोली चलला के आवाज अइला पs अभिनेत्री घटना के जानकारी ओकरा पत्नी के देली। पत्नी के सूचना पs गुलरिहा पुलिस सरैया पेट्रोल पंप के लगे खड़ा कार के शीशा तुरके संविदा कर्मी के शव बाहर निकललस आ पोस्टमार्टम के खातिर भेजववलस।

बुध के अखिलेश के पत्नी किरन के तहरीर पs पुलिस आत्महत्या खातिर उकसावे के आरोप में गगहा इलाका के निवासी भोजपुरी अभिनेत्री आ ओकरा दुगो बेटन पs केस दर्ज कइले बा।

पत्नी किरन के आरोप बा कि भोजपुरी फिल्मन में अभिनय कs चुकल महिला, अखिलेश से संबंध बनाके उनका के ब्लैकमेल कs रुपिया के मांग करत रहे। ओकर दुनो बेटा अखिलेश के हत्या के धमकी देत रहs सेs। एह वजह से ई घटना भइल। एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई बतवलें कि तहरीर के आधार पs केस दर्ज कइल गइल बा। आरोपन के जांच कइल जा रहल बा।

जानकारी के मोताबिक, बांसगांव क्षेत्र के बहुरीपार गांव निवासी अखिलेश शर्मा गुलरिहा क्षेत्र के हरसेवकपुर नंबर एक में किराया के मकान में पत्नी किरन के संगे रहत रहे। मंगर के ऊ पिपराइच डयूटी पs गइल रहे। पत्नी पुलिस के बतवली कि देर रात 11 बजे अखिलेश कर दोस्त भोजपुरी अभिनेत्री फोन कs के बतवली- तहार पति अपना आपके खतम करे के योजना बना रहल बा।

जानकारी मिलतही पत्नी तत्काल डायल 112 नंबर पs पुलिस से सहायता मंगली। छानबीन के बाद पता चलल कि क्षेत्र के सरैया पेट्रोल पंप के सामने निर्माणाधीन ओवरब्रिज के लगे एगो कार खड़ा बिया। मवका पs परिजन आ पुलिस पहुंचल लो, तब तक अखिलेश शर्मा खुद के गोली मारके आत्महत्या कs चुकल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.