Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रोहित शर्मा तिहरा शतक बनावे के सपना देखत रहले, ऑस्ट्रेलियाई क्रिकेटर 309 रन बना के इतिहास रचलस

2,602

वनडे क्रिकेट में सबसे बड़ पारी खेले के विश्व रिकॉर्ड भारतीय कप्तान रोहित शर्मा के नाम पs दर्ज बा। रोहित साल 2014 में कोलकाता के ईडन गार्डन में श्रीलंका के खिलाफ ऐतिहासिक 264 रन बनवले रहले। रोहित दुनिया के अकेला खिलाड़ी बाड़े जे वनडे में एगो ना, 3-3 गो दोहरा शतक बनवले बाड़े। कई गो क्रिकेट विशेषज्ञ त इहाँ तक कहले बाड़े कि 50 ओवर फॉर्मेट में पहिला तिहरा शतक हिटमैन के बल्ला से निकली, रोहित के बल्ला से अभी ले तिहरा शतक बनल नइखे…बाकिर आस्ट्रेलियाई क्रिकेटर ए फॉर्मेट में ट्रिपल शतक बना के इतिहास रचले बाड़े।

ऑस्ट्रेलियाई खिलाड़ी तिहरा शतक मार दिहले

आस्ट्रेलिया के आन्हर क्रिकेट टीम के ओपनर स्टीफन नीरो मंगल का दिने ई बेजोड़ पारी खेलले। न्यूजीलैंड के खिलाफ खेलल गइल वन डे इंटरनेशनल मैच में स्टीफन नीरो ट्रिपल शतक बना के बहुते धमाल मचवले बाड़न। 3 मैच के वनडे सीरीज के पहिला मैच में नीरो 140 गेंद में 309 रन बनवले। अपना मैराथन पारी में ऊ 49 गो चौका आ एगो छह गो रन बनवले। हम बता दीं कि ब्लाइंड क्रिकेट के इतिहास में ई सबले बेसी व्यक्तिगत स्कोर बा। स्टीफन से पहिले पाकिस्तान के मसूद जान साल 1998 में दक्षिण अफ्रीका का खिलाफ 262 रन बनवले रहले। ई मैच दिल्ली में खेलल गइल रहे।

सबसे बड़ स्कोर आस्ट्रेलिया बनवलस

40 ओवर के मैच में कंगारू टीम 2 विकेट गँवावत 541 रन के जबरदस्त स्कोर बनवलस। ब्लाइंड क्रिकेट में ई कवनो टीम के सबले बेसी स्कोर बा। एह मैच में स्टीफन नीरो के अलावा माइकल जेनिस 58 रन बनवले। नीरो आ जानिस दूसरका विकेट खातिर 266 रन जोड़ले। एह सब का अलावे नेड ब्रुयर 50 रन के नाबाद खेलले। 542 रन के पीछा करत कीवी टीम 39.2 ओवर में 272 रन बना के ऑल आउट हो गइल। आस्ट्रेलिया एह मैच के 269 रन के बड़हन अंतर से जीत लिहलस।

नीरो के लगातार तीसरा शतक

इंटरनेशनल इंक्लूजन सीरीज 2022 में स्टीफन नीरो के ई लगातार तीसरा शतक बा। पिछला हफ्ता ऊ 46 गो गेंद में तूफानी 113 आ 47 गो गेंद में नाबाद 101 रन बनवले आ ओकरा बाद न्यूजीलैंड का खिलाफ 309 रन बनवले।

रिपोर्ट: गणेश नाथ तिवारी जी के

273530cookie-checkरोहित शर्मा तिहरा शतक बनावे के सपना देखत रहले, ऑस्ट्रेलियाई क्रिकेटर 309 रन बना के इतिहास रचलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.