Rohit-Rinku: टीम में चयन ना होखला पs रिंकू से का बोलले रहलें रोहित? बल्लेबाज अब कइलें खुलासा, जानीं का कहलें 

Rohit Rinku

Share

नवहा विस्फोटक बल्लेबाज रिंकू सिंह के आईपीएल में दमदार प्रदर्शन के बादो टी20 विश्व कप 2024 खातिर चुनल गइल मुख्य भारतीय स्क्वॉड में सामिल ना कइल गइल रहे। उनका के रिजर्व खिलाड़ी के तौर पs टीम में सामिल कइल गइल रहे। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के एह फैसला के बहुते आलोचना भइल रहे। हालांकि, अब स्टार खिलाड़ी खुलासा कइले बाड़ें कि भारतीय कप्तान टीम में चयन ना होखला पs कवना तरे सांत्वना देले रहस।

Rohit Rinku Indian Team

रोहित-रिंकू के बीच कवना मुद्दा पs भइल रहे चरचा?

टी-20 विश्व कप 2024 खातिर जवना घरी बीसीसीआई भारतीय टीम के एलान कइले रहे, ओह दौरान आईपीएल 2024 जारी रहे। कोलकाता नाइट राइडर्स के टीम मुंबई इंडियंस के संगे मुकाबला खातिर आइल रहे, तब रोहित शर्मा आ रिंकू सिंह के एगो तस्वीर सोशल मीडिया पs खूब वायरल भइल रहे। अब युवा बल्लेबाज बड़ खुलासा कइले बाड़ें कि भारतीय कप्तान उनका से टीम में चयन ना होखला पs का कहले रहस।

Rohit Rinku bond
रोहित शर्मा-रिंकू सिंह – फोटो : twitter

स्टार बल्लेबाज कइलें बड़ खुलासा

रिंकू सिंह कहलें, “हs ऊ (रोहित शर्मा) आइल रहस समझावे कि कवनो बात नइखे, उमिरे का बा। विश्व कप आगे बहुत आई। मेहनत करत रहs। हर दु साल में विश्व कप आवेला, ओकरा पs ध्यान दs। कवनो दिक्कत नइखे, परेशान मत होखs।” बता दीं कि रिंकू फिलहाल यूपी प्रीमियर लीग में खेलते नजर आ रहल बाड़ें। ऊ मेरठ मावेरिक्स के कमान संभाल रहल बाड़ें।

Rinku Singh cricket
रिंकू सिंह – फोटो : PTI

श्रीलंका दौरा पs वनडे टीम में ना मिलल जगह

हाले में रिंकू सिंह के जिम्बाब्वे आ श्रीलंका दौरा खातिर भारतीय टीम में चयन भइल रहे। हालांकि, श्रीलंका के खिलाफ वनडे सीरीज में उनका के टीम के हिस्सा ना बनावल गइल रहे। ओहिजा, दलीप ट्रॉफी में 61 खिलाड़ियन के पूल तक में उनकर चयन ना भइल। रिंकू आईपीएल में कोलकाता नाइट राइडर्स खातिर खेलेले। टीम के आईपीएल 2024 के खिताब दिलावे में ऊ अहम भूमिका निभवले रहस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-