गोरखपुर के सिकरीगंज के लगे सड़क दुर्घटना- तीन लोगन के मौत, पहचान ना हो सकल

सड़क हादसे में तीन लोगों की मौत हो गई

Share


गोरखपुर। सिकरीगंज में बियफे के सबेरे-सबेरे सड़क हादसा हो गइल। एह हादसा में तीन लोगन के मौत हो गइल बा। तीनो मृतकन के पहचान नइखे हो सकल। गाड़ी नंबर से ई तीनो लोग बिहार के बतावल जा रहल बा। गोरखपुर के सिकरीगंज से पूर्वांचल एक्सप्रेस-वे पs चढ़े के रास्ता बा। एही रास्ता के लिंक एक्सप्रेस वे पs ई हादसा भइल बा।

सड़क दुर्घटना के सूचना मिलतही सिकरीगंज थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल। शव के निकालके पीएम खातिर भेज दिहल गइल बा। मृतकन में एगो महिला आ दो पुरूष बतावल जा रहल बा।

Read Also: Mahakumbh : ममता कुलकर्णी के महामंडलेश्वर बनवला पs किन्नर अखाड़ा में घमासान, लक्ष्मी नारायण पs गिर सकत बा गाज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-