[the_ad_group id="30365"]

Mahakumbh : ममता कुलकर्णी के महामंडलेश्वर बनवला पs किन्नर अखाड़ा में घमासान, लक्ष्मी नारायण पs गिर सकत बा गाज

ममता कुलकर्णी को किन्रर अखाड़े में बनाया गया महामंडलेश्वर।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


फिल्म अभिनेत्री ममता कुलकर्णी के महामंडलेश्वर बनावल गइला के बाद किन्नर अखाड़ा में घमासान सुरू हो गइल बा। चरचा बा कि अखाड़ा के कइयन गो संत एकरा पs कड़ा आपत्ति जाहिर कइले बा लो। मानल जा रहल बा कि कुलकर्णी के महामंडलेश्वर बनावे के ममिला में किन्नर अखाड़ा के आचार्य महामंडलेश्वर लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के खिलाफ कार्रवाई हो सकत बा।

अभिनेत्री ममता कुलकर्णी के महामंडलेश्वर के पदवी दिहल जाये के लेके विवाद बढ़त जा रहल बा। एक्ट्रेस के महामंडलेश्वर बनावे के लेके किन्नर अखाड़ा के भीतर विरोध सुरू हो गइल बा। किन्नर अखाड़ा के संस्थापक अजय दास आ आचार्य महामंडलेश्वर डॉ. लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी एह ममिला पs आमने-सामने आ गइल बा लो। मीडिया में चल रहल खबरन के मोताबिक अजय दास लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के मुक्त करे के तइयारी कs लेले बाड़ें।

ओने, लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के कहनाम बा कि अजय दास कवना हैसियत से कार्रवाई करिहें। ऊ तs कवनो पद पs हइये नइखन। उनका के तs पहिलही से अखाड़ा से निकालल जा चुकल बा। किन्नर अखाड़ा के ओर से सुक के मीडिया के सामने एह मुद्दा के लेके वार्ता हो सकत बा।

आज दुपहरिया बाद हो सकत बा कार्रवाई के घोषणा

सूत्रन के मानल जावs तs अखाड़ा के भीतर लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के आचार्य महामंडलेश्वर पद से हटावे के तइयारी हो रहल बा। एकरा के लेके किन्नर अखाड़ा के संतन में चरचा तेज हो गइल बा। किन्नर अखाड़ा के संस्थापक अजय दास कवनो बड़ कार्रवाई के बात कहले बाडे़। दुपहरिया में आज एकर एलानो कइल जा सकत बा। पूरे विवाद पs आज दुपहरिया बाद किन्रर अखाड़ा के प्रेसवार्ता हो सकत बा। एमे कवनो निर्णय के बात कहल जा रहल बा।

Read Also: Champions Trophy 2025 : उद्घाटन समारोह के बिना होई चैंपियंस ट्रॉफी के आगाज, पाकिस्तान ना जइहें रोहित शर्मा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]