[the_ad_group id="30365"]

छत्रपति शिवाजी महाराज के कहानी लेके आवत बाड़े रितेश देशमुख, फिल्म के नाम के कइले एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिंदी सिनेमा के जानलऽ-मानलऽ अभिनेता रितेश देशमुख अकसर कवनो ना कवनो वजह से सोशल मीडिया पs छाइलऽ रहेले। बाकी एह घरी उनकर सुर्खि में आवे के वजह कुछ खास बा। दरअसल हाले में एक्टर अपमा नएका प्रोजेक्ट के एलान कइले बाड़े , जेकरा के एक्टर डायरेक्ट करे जा रहलऽ बाड़े। जानि पूरा खबर।

 

अभिनेता रितेश देशमुख एह घरी खबर में छाइलऽ बाड़े, जेकर वजह बा उनकरs नया प्रोजेक्ट। हाले में रितेश देशमुख सोशल मीडिया पs आपन नया प्रोजेक्ट के एलान कइले बाड़े, जवन लेजेंड्री छत्रपति शिवाजी महाराज के जिंदगी पs आधारित रही। रितेश देशमुख सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कई के अपना एह फिल्म के नामो के एलान कइले । उहवें एकरा संग ही अपना एह पोस्ट में रितेश इहो बतsवले कि उऽ एह फिल्म के डायरेक्शनो करतऽ बाड़े।

 

छत्रपति शिवाजी के कहानी लेके आवत बाड़े ,रितेश देशमुख । रितेश देशमुख जवन पोस्ट शेयर कइले बाड़े ओहमें छत्रपति शिवाजी के झलक देखे के मिलता। उहें एह पोस्टर पs फिल्म के नाम ‘राजा शिवाजी’ लिखलs दिखाई दे रहलऽ बा। उहवें एह पोस्टर के बैकग्राउंड में युद्ध धर्म धर्म युद्ध म्यूजिक सुने के मिल रहलऽ बा। उहवें पोस्टर के मुताबिक, रितेश देशमुख फिल्म के डायरेक्शन कर रहलऽ बाड़े, जबकि फिल्म के प्रोडक्शन के जिम्मेदारी जेनेलिया देशमुख के संगे ज्योति देशपांडे उठवले बाड़ी। बता दी कि एकरा से पहीले रितेश देशमुख मराठी फिल्म “वेड” के डायरेक्शन करs चुकलऽ बाड़े । साल 2022 में आइलऽ एह फिल्म में रितेश के संगे उनकरs पत्नी जेनेलिया डिसूजा देशमुखो नजर आइल रहली, जवन बॉक्स ऑफिस पs हिट साबित भइलs रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]