झपकी लगले से भइल ऋषभ पंत के कार के एक्सीडेंट:बाल-बाल बचलें, जरत कार के खिड़की तूड़ के बहरा निकललें
माई के सरप्राइज देवे जात रहनें घरे
25 साल के क्रिकेटर ऋषभ पंत के सुक्क के बिहाने 5.30 बजे रुड़की के लग्गे एक्सीडेंट हो गइल बा। उनकर हालत स्थिर बतावल जा रहल बा। ऊ कार से अपने घर उत्तराखंड जात रहनें। रुड़की के नारसन बॉर्डर पर हम्मदपुर झाल के मोड़ पर उनके मर्सडीज अनियंत्रित हो के रेलिंग से जा के टकरा गइल, जेकरे बाद कार में आग लाग गइल अउर ऊ पलट गइल।
उत्तराखंड DG अशोक कुमार के मुताबिक, पंत के गाड़ी चलावत समय झपकी आ गइल रहे, जेकरे चलते ऊ कार पर से कंट्रोल खो बइठलें एक्सीडेंट के समय पंत कार में अकेल रहनें। एक्सीडेंट के बाद पंत जरत कार के खिड़की तूड़ के बाहर निकलल रहनें। पंत के सिर, पीठ अउर पैर में चोट आइल रहे। डॉक्टर के मुताबिक, उनके हालत खतरा से बाहर बा।
डॉक्टर बोलनें- सीट बेल्ट पहिनलें होते त कार में झुलस सकत रहनें
पंत के हादसा के बाद एंबुलेंस से पहिले इलाज खातिर रुड़की के सक्षम हॉस्पिटल ले जाइल गइल। सक्षम हॉस्पिटल के चेयरमैन अउर ऑर्थोपेडिक सर्जन डॉक्टर सुशील नागर दैनिक भास्कर के बतवलें कि एमआरई के बादे पता चलल कि उनके घुटना में कौनो हड्डी टूटल बा। पंत के ऑपरेशन के जरूरतो पड़ सकsता। ओकरे बाद ही उनके करियर के पता चली।
डॉ. नागर आगे बतवले कि ऊ अपने माई के सरप्राइज देवे जात रहनें। पंत सीट बेल्ट नाइ पहिनले रहनें, एहीलिए वे सुरक्षित बहरा आ गइलें, अगर ऊ सीट बेल्ट पहिनले रहतें त कार में आग लगले के बाद ऊ झुलस सकत रहनें।
Comments are closed.