कवि मनोज भावुक के मिलल कैलाश गौतम काव्यकुंभ लोकभाषा सम्मान-2022

Anurag Ranjan

27 नवम्बर, प्रयागराज। साहित्यिक, सामाजिक आ सांस्कृतिक संस्था “कैलाश गौतम सृजन संस्थान” के राष्ट्रीय ‘कैलाश गौतम काव्यकुंभ लोकभाषा सम्मान-2022’ अंतरराष्ट्रीय कवि/शायर मनोज भावुक के दिहल गइल। पहला बेर ई सम्मान कवनो भोजपुरी साहित्यकार के दिहल गइल। ई सम्मान उनका के उत्तर मध्य क्षेत्र सांस्कृतिक केंद्र, प्रयागराज में आयोजित भव्य समारोह में न्यायमूर्ति विपिन दीक्षित, न्यायमूर्ति विवेक कुमार सिंह आ सम्मानित अतिथियन द्वारा दिहल गइल। सम्मान स्वरूप शाल, श्रीफल, अभिनंदन-सम्मान पत्र, स्मृति चिन्ह, के संगे-संगे नकद राशियो प्रदान कइल गइल।

जनकवि कैलाश गौतम

मनोज भावुक ओह चंद लोगन में बानीं, जे भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति के मशाल के मजबूती से थमले बा। यूके आ अफ्रीका में इंजीनियरिंग के नौकरी के छोड़के पूरा तरह से खुद के भोजपुरी खातिर प्रतिबद्ध आ समर्पित कs चुकल बानीं। भोजपुरी जब तरह तरह से सवालन के घेरा में बिया, अइसन समय में मनोज भावुक जी भोजपुरी समाज के चिंता, चुनौतियन के, सौंदर्य के अपना गीत, गजल आ लेख के माध्यम से रेखांकित कर रहल बानीं।

मनोज भावुक के भारतीय भाषा परिषद सम्मान (2006) आ पंडित प्रताप नारायण मिश्र (2010) युवा सम्मान एकरा पहिले मिल चुकल बा। अभिनय, संचालन आ पटकथा लेखन आदि विधा में भावुक जी के गहिराह रुचि बा। हम भोजपुरिआ आ भोजपुरी जंक्शन नाम के पत्रिका (ई-पत्रिका) के संपादन के काम मनोज भावुक जी के जिम्मा बा। एकरा संगही भावुक जी सुप्रसिद्ध कवि, कार्यक्रम प्रस्तोता आ लोक मर्मज्ञ हई।। विश्व के लीजेंड्स के समर्पित अचीवर्स जंक्शन के निदेशक होखला के संगही पुस्तकन के प्रणेता बानी। भोजपुरी भाषा आ साहित्य के प्रचार-प्रसार खातिर विश्व के कइयन गो देसन के यात्रा के संगे- संगे जी टीवी के लोकप्रिय रियलिटी शो सारेगामापा (भोजपुरी) के प्रोजेक्ट हैड रहल बानी। एकरा अलावे कइयन गो टीवी शोज, फिल्मन आ धारावाहिकन में अभिनय कइले बानी। मनोज भावुक जी के कइयन गो राष्ट्रीय-अंतरराष्ट्रीय सम्मान से नवाजल जा चुकल बा।

मालूम होखे कि जनकवि कैलाश गौतम भोजपुरियो में कालजयी रचना कइले बानी आ अमवसा के मेला समेत उहां के कइयन गो रचना लोगन के जुबान पs बा। कैलाश जी प्रयागराज में हिंदी, अवधी आ भोजपुरी के त्रिवेणी बहावत रहल बानी। मनोज भावुक ओहि परंपरा के आगे बढ़ावत समूचा विश्व में भोजपुरी के परचम लहरा रहल बानी।

विख्यात रचनाकारन के मिल चुकल बा पहिले ई सम्मान

कैलाश गौतम काव्यकुंभ सम्मान पहिले के बरिसन में पद्मभूषण गोपालदास नीरज, पद्मश्री अशोक चक्रधर, डॉ. उदय प्रताप सिंह, डॉ. कुंवर बेचैन, डॉ. राहत इंदौरी, डॉ. बुद्धिनाथ मिश्र, प्रो वसीम बरेलवी, डॉ. विष्णु सक्सेना, श्री प्रदीप चौबे, श्री गजेन्द्र सोलंकी, शबीना अदीब, श्री सर्वेश अस्थाना, श्री यश मालवीय, पद्मश्री डॉ सुनील जोगी, डॉ सरिता शर्मा, सरदार मंजीत सिंह, डॉ सुरेश अवस्थी, डॉ कलीम कैसर, डॉ सूर्य कुमार पांडे, श्री आलोक श्रीवास्तव, डॉ सुमन दूबे आदि के दिहल जा चुकल बा।

साहित्य में जनकवि कैलाश गौतम जी के अक्षय आ कालजयी रचनन के परंपरा के सहेजत ई सम्मान लोकभाषा खातिर मनोज भावुक के दिहल गइल। मनोज भावुक एह अवसर पs आयोजित भव्य कवि सम्मेलन में आपन सानदार उपस्थिति दर्ज कइलें।

एह साल के पुरस्कार जीते वाला लोगन के सूची 

मनोज भावुक के अलावा एह साल राष्ट्रीय कैलाश गौतम काव्यकुंभ सम्मान प्रतिष्ठित शायर अजहर इकबाल आ युवा रचनाकारन में चिराग जैन, भावना तिवारी, सुधांशु नवल आ शिखा शुक्ला के प्रदान कइल गइल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।