[the_ad_group id="30365"]

सालन से जमल कोलेस्ट्रॉल निकालके बाहर फेंक देइ एह ड्राइफ्रूट्स आ हर्ब्स, तुरंत खाइल शुरू करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आजकल स्वाद के खातिर लोग अइसन खाना खाए लागल बा जवन उनका स्वास्थ्य खातिर नुकसानदेह साबित हो रहल बा। अधिकतर लोग अइसन होला जे बिना सोचले कुछ भी खा जाला। अगर रउरा भी अइसने आदत बा तs तुरंत बदल दीं। एकरा से आपके स्वास्थ्य पs बुरा असर पड़ सकता। दरअसल, रउआ जवन भी खात-पीयत बानी ओकर सीधा अवुरी पहिला असर आपके शरीर पs पड़ेला। बाहर के खाना में इस्तेमाल होखे वाला चीज़ शरीर के नुकसान पहुंचावेला। अयीसन लोग के शरीर में धीरे-धीरे गंदा कोलेस्ट्रॉल जमा होखे लागेला। जब शरीर में खराब कोलेस्ट्रॉल के मात्रा बढ़े लागेला तs इ नस के रोके लागेला। हाई ब्लड प्रेशर अवुरी दिल के बेमारी हो सकता। एहसे जल्दी से जल्दी जाग के अपना शरीर, ओकर जरूरत अवुरी स्वास्थ्य के ध्यान में राखत आहार लीं। कुछ खानपान के आदत में बदलाव क के ही बढ़ल कोलेस्ट्रॉल के कम क सकतानी। एकरा खातिर कुछ जड़ी-बूटी अवुरी सूखा फल के अपना आहार में शामिल करीं।

कोलेस्ट्रॉल कम करे खातिर ई मेवा खाईं

फिट रहे के चाहत लोग के रोज बादाम जरूर खाए के चाही। अमीनो एसिड बादाम में पावल जाला जवन शरीर में नाइट्रिक ऑक्साइड पैदा करेला। रोज एक मुट्ठी बादाम खईला से खराब कोलेस्ट्रॉल कम हो जाला। एकरा अलावे अखरोट शरीर खातीर भी फायदेमंद होखेला। अखरोट खराब कोलेस्ट्रॉल के कम करे में मदद करेला। एकरा चलते ओमेगा-3 फैटी एसिड अवुरी मोनोसैचुरेटेड फैट शरीर में पहुंचेला जवन कि बेमारी के दूर राखेला। पिस्ता खइला से शरीर में बढ़िया कोलेस्ट्रॉल के मात्रा भी बढ़ जाला। अलसी के बीज शरीर में जमा खराब कोलेस्ट्रॉल के कम करेला।इ दिल के मरीज खातीर भी फायदेमंद होखेला।

कोलेस्ट्रॉल के नियंत्रित करे खातिर हर्ब्स खाईं

खाली मेवा ना, भारतीय खाना में बहुत हर्ब्स होखेला जवन शरीर के स्वस्थ राखे में मदद करेला। एहमें से एगो लहसुन ह। लहसुन शरीर में जमा कोलेस्ट्रॉल के कम करे में जादू निहन काम करेला। एलिसिन लहसुन में पावल जाला जवन ब्लड प्रेशर के भी नियंत्रित करेला। एकरा अलावे जाड़ा में अदरक के सेवन भी स्वास्थ्य खातीर निमन मानल जाला। अदरक खईला से खून पतला हो जाला जवना से दिल के दौरा पड़े के खतरा कम हो जाला। अदरक से कोलेस्ट्रॉल भी कम हो जाला। खराब कोलेस्ट्रॉल के मरीज के तुलसी के पत्ता के चाय अवुरी दूध में मिला के जरूर पीये के चाही। अपना आहार में पुदीना अवुरी धनिया के जरूर शामिल करीं। एकरा संगे बेड कोलेस्ट्रॉल के कम कईल जा सकता।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]