भाजपा विधान दल के बइठक में दिल्ली के मुख्यमंत्री के नाव फाइनल हो गइल बा. रेखा गुप्ता दिल्ली के मुख्यमंत्री बन जइहें आ प्रवेश वर्मा उप सीएम बनिहें. सीएम पद के घोषणा के बाद रेखा गुप्ता के बयान भी सामने आईल। उs कहली कि पार्टी उनुका के आशीर्वाद देले बिया। पार्टी के समर्थन आ आशीर्वाद खातिर आपन आभार व्यक्त करत बाड़ी.
इs जानकारी आपन एक्स हैंडल पs भी देके भाजपा रेखा गुप्ता के बधाई देले बिया। भाजपा एक्स पs पोस्ट कईलस अवुरी कहलस कि, “श्रीमती रेखा गुप्ता के दिल्ली भाजपा विधान पार्टी के नेता चुनल गईला पs हार्दिक बधाई अवुरी शुभकामना।’ हमनी के पूरा भरोसा बा कि राज्य आपके नेतृत्व में प्रगतिशील रूप से प्रगति करी।”
श्रीमती रेखा गुप्ता जी को दिल्ली भाजपा विधायक दल का नेता चुने जाने पर हार्दिक बधाई एवं अशेष शुभकामनाएँ।
— BJP Delhi (@BJP4Delhi) February 19, 2025
हमें पूर्ण विश्वास है कि आपके नेतृत्व में प्रदेश उत्तरोत्तर प्रगति करेगा। pic.twitter.com/K8Mu5SyvdV
रेखा गुप्ता दिल्ली के शालीमार बाग विधानसभा सीट से विधायक बाड़ी। भारतीय जनता पार्टी के महिला मोर्चा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष भी बाड़ी। दिल्ली विधानसभा चुनाव 2025 में रेखा गुप्ता शालीमार बाग विधानसभा सीट से आम आदमी पार्टी के वंदना कुमारी के 29595 वोट से हरा दिहली।