के होई दिल्ली के सीएम? बस थोड़े  देर में हो जाई नाव के ऐलान

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2025

दिल्ली विधानसभा चुनाव के नतीजा घोषित भइला के दस दिन से अधिका हो गइल बा आ भाजपा आजु मुख्यमंत्री के नाव एलान करे जा रहल बिया. दिल्ली के नयका सीएम के नाव भाजपा विधानमंडल पार्टी

Share

दिल्ली विधानसभा चुनाव के नतीजा घोषित भइला के दस दिन से अधिका हो गइल बा आ भाजपा आजु मुख्यमंत्री के नाव एलान करे जा रहल बिया. दिल्ली के नयका सीएम के नाव भाजपा विधानमंडल पार्टी के बइठक में मंजूरी मिल जाई.

दिल्ली के मुख्यमंत्री के बनी? एह सस्पेंस के आजु पर्दाफाश होखे वाला बा. भारतीय जनता पार्टी आजु दिल्ली के मुख्यमंत्री के नाव मंजूर करे जा रहल बिया. नयका सीएम के नाव भाजपा विधायिका पार्टी के बइठक में तय कइल जाई. नयका मुख्यमंत्री के शपथ ग्रहण काल्हु रामलीला मैदान में होखी. बता दीं कि 27 साल बाद दिल्ली में भाजपा सत्ता में आ गईल बिया।

सीएम के नाव के घोषणा कुछ देर बाद हो जाई

कुछ देर बाद दिल्ली के अगिला सीएम के नाव के एलान हो जाई. एकरा से पहिले भाजपा कार्यालय के बहरी जश्न के माहौल बा अवुरी ढोल बजावल जाता।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.