नया स्मार्टफोन किने के बारे में सोच रहल बानी तs Realme 12x रउआ खातिर अच्छा प्रोडक्ट साबित हो सकत बा। काहेकि अभी एह पs बंपर डिस्काउंट चल रहल बा। आ आजे एकता के ऑर्डरो कs सकत बानी। बाकिर फोन के किने से पहिले रउआ कुछ चीजन के बारे में जान लेवे के चाहेम। एकर स्पेसिफिकेशन जनला के बाद रउआ ई कम कीमत में बेस्ट फोन लागि।
realme 12x 5G के रउआ फ्लिपकार्ट से ऑर्डर कs सकत बानी। एह फोन के MRP 18,999 रुपिया बा। संगही अभी एह पs डिस्काउंटो चल रहल बा। रउआ एकरा के 21% डिस्काउंट के बाद 14,999 रुपिया में किन सकत बानी। बैंक ऑफर्स के संगे एकरा के किनल बहुत आसान हो जाला। Axis Bank Credit Card से पेमेंट कइला पs 10% डिस्काउंट मिल सकत बा। EMI ट्रांजैक्शन करेम तs 1500 रुपिया तक छूट अलग से मिल सकत बा।
एक्सचेंज ऑफर के तहत रउआ ई फोन बहुते सस्ता मिल सकत बा। जदि रउआ पुरान फोन फ्लिपकार्ट के लगे वापस करेम तs 12,950 रुपिया के छूट हासिल कs सकत बानी, बाकिर एकरा खातिर राउर पुराने फोन के कंडीशन ठीक होखे के चाहीं आ ई पुराने फोन के मॉडल पs डिपेंड करत बा। अगर ई ऑफर पूरा मिल जात बा तs फोन 2 हजार रुपिया में किनल जा सकत बा।
स्पेसिफिकेशन के लेके रउआ जादे सोचला के जरूरत नइखे। काहेकि एह फोन में 6.72 Inch Full HD+ Display दिहल जात बा। डुअल रियर कैमरो दिहल गइल बा, जवना के प्राइमरी कैमरा 50MP के दिहल गइल बा। संगही एकर फ्रंट कैमरा 8MP के दिहल गइल बा। फोन में पांच हजार mAh के बैटरी दिहल गइल बा। Dimensity 6100+ Processor के वजह से स्पीडो बहुत अच्छा मिले वाला बा।