गोरखपुर: DAV PG कॉलेज में संपन्न भइल ‘पढ़े महाविद्यालय, बढ़े महाविद्यालय’ कार्यक्रम

Minee Upadhyay
गोरखपुर: DAV PG कॉलेज

काल्ह दिन शुक के डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रोफेसर शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में ‘पढ़े महाविद्यालय, बढ़े महाविद्यालय’ कार्यक्रम के अंतर्गत सभ शिक्षकन के साथे सभ स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोग सबेरे 11:00 बजे से अपराह्न 12:00 बजे ले आपन मनपसंद पुस्तक के साथे एके साथे एक जगह बैठके पाठन कार्य कइल लोग।

एकरी पश्चात अपराह्न 12:15 पs सभ एके साथे ‘दहेज मुक्त भारत एवं नशा मुक्त भारत’ खातीर प्रतिज्ञा लिहले लोग। कार्यक्रम में डॉ संजय कुमार पाण्डेय,डॉ प्रवीन कुमार सिंहा,डाॅ अमृता श्रीवास्तव आ डॉ वेदवती सिंह सहित सभ शिक्षक आ शिक्षिका स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग के साथे उपस्थित रहले। कार्यक्रम के पश्चात नेहरू युवा केंद्र आ राष्ट्रीय सेवा योजना के संयुक्त तत्वावधान में माय भारत पोर्टल पs रजिस्ट्रेशन खातीर सभ स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग के जानकारी प्रदान कइल गइल। एह अवसर पs श्री राघव तिवारी आ श्रीमती नंदिता,कार्यक्रम सहायक, नेहरू युवा केंद्र,गोरखपुर के निर्देशन में आस्था, विवेक आ विनय सहित कई स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग के ऑनलाइन माय भारत पोर्टल पs रजिस्ट्रेशन कइल गइल। एह कार्यक्रम के माध्यम से सभ के माय भारत पोर्टल पs रजिस्ट्रेशन खातीर प्रेरित कइल गइल.

इहो पढ़ीं:चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment