अलीगढ़ मुस्लिम यूनिवर्सिटी में होली मिलन समारोह के मिलल इजाजत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 8, 2025

लमहर विवाद के बाद आखिरकार अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय (एएमयू) प्रशासन परिसर में होली खेले के अनुमति दे दिहलस. एएमयू के एनआरएससी हॉल 13 आ 14 फरवरी के होली खेले खातिर खुलल रही. एकरा से पहिले

Share

अलीगढ़ मुस्लिम यूनिवर्सिटी

लमहर विवाद के बाद आखिरकार अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय (एएमयू) प्रशासन परिसर में होली खेले के अनुमति दे दिहलस. एएमयू के एनआरएससी हॉल 13 आ 14 फरवरी के होली खेले खातिर खुलल रही. एकरा से पहिले एएमयू प्रशासन कवनो नाया परंपरा शुरू ना होखे के कहत अनुमति ना देले रहे। संगही छात्रा कहलस कि जब इफ्तार, मोहर्रम से ओणम ले रोजा मनावल जाला तs होली काहे ना? 

अलीगढ़ से भारतीय जनता पार्टी के सांसद सतीश गौतम अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय में होली मनावे के लेके विवाद अवुरी बढ़ा के कहले रहले कि ‘एएमयू परिसर में होली खातीर केहु के नईखे रोक सकत।’ विवाद तब शुरू भईल जब हिन्दू संगठन के सदस्य एएमयू प्रशासन पs आरोप लगवले कि उs हिन्दू छात्र के कैंपस में ‘होली मिलन’ उत्सव के आयोजन ना करे देले। विवाद में अउरी बढ़ोतरी करत गौतम कहले कि, कतहू होली खेले खातीर केहु के अनुमति के जरूरत नईखे।

बुध के दिने एह कार्यक्रम खातिर अनुमति लिहल गइल बाकिर खबर बा कि ओकरा के खारिज कs दिहल गइल. स्थानीय कांग्रेस नेता अवुरी अलीगढ़ के विधायक रहल विवेक बंसल भाजपा पs राजनीतिक फायदा खातीर एएमयू में होली मनावे के मामला में जानबूझ के विवाद पैदा करे के आरोप लगवले अवुरी एकरा के ‘दुर्भाग्य’ बतवले।

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.