[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविधालय के BA के छात्र फांसी लगाके आत्महत्या कइलस, प्रेम संबंध में धोखा मिलला पs उठवलस डेग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में बियफे के सांझ डीडीयू के BA फोर्थ सेमेस्टर के छात्र फांसी लगाके आत्महत्या कs लेलस। कोचिंग पढ़के लवटला के बाद ओकर रूममेट बहुत देर तक आवाज देलस, बाकिर दरवाजा ना खुलल। एकरा बाद शक होखला पs मकान मालिक के सूचना देलस, जवना के बाद घटना के जानकारी हो सकल। सूचना पs पहुंचल पुलिस छात्र के शव के नीचे उतार के जांच सुरू कs देले बिया। अभी 10 दिन पहिलही मृतक छात्र बिलंदपुर इलाका में किराया पs कमरा लेले रहे।

दरअसल, सिद्धार्थनगर जिला के चिलिया थाना के कटया गांव के रहे वाला राम लौटन उपाध्याय के 20 साल के बेटा रमन उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी में बीए फोर्थ सेमेस्टर के छात्र रहे। ऊ शहर के इंद्रानगर इलाका में किराया पs कमरा लेके पढ़ाई करत रहे। करीब 10 दिन पहिले ऊ बिलंदपुर इलाका में प्रमोद कुमार सिंह के मकान में शिफ्ट भइल रहे। मृतक के रूममेट के मोताबिक ऊ बियफे के दोपहर कोचिंग पढ़े गइल रहे।

लव-अफेयर में धोखा खइला पs उठवलस आत्मघाती डेग

सांझ के करीब पांच बजे वापस लवटला के बाद ऊ कइयन बेर दरवाजा खोलला के बाद रमन के आवाज लगवलस बाकिर कवनो जवाब ना मिलल। एकरा बाद रूममेट मकान मालिक के सूचना देलस। मकान मालिक प्रमोद कुमार सिंह जब जंगला से झांकके देखले तs रमन के शव छत में कुंडा से लटकल नजर आइल। एकरा बाद ऊ तत्काल कैंट पुलिस के सूचना देलें।

मवका पs पहुंचल पुलिस शव के कब्जा में लेके जांच सुरू कs देलस। पुलिस के सुरुआति जांच में पता चलल कि छात्र के कवनो युवती से लव-अफेयर रहे। हाले में ओकर ब्रेकअप हो गइल रहे। जवना के बाद ऊ बियफे के आत्मघाती डेग उठा लेलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]