पटना। रांची से दिल्ली जा रहल रेडबर्ड एयरवेज के एयर एंबुलेंस सोमार के सांझ रांची से उड़ान भरला के कुछ देर बाद चतरा जिला में क्रैश हो गइल। एह दर्दनाक हादसा में 7 लोगन के मौत हो गइल। मरे वालन में बिहार के रहे वाला एनेस्थीसिया विशेषज्ञ डॉ. विकास कुमार गुप्ता सामिल बाड़ें। विमान बिरसा मुंडा एयरपोर्ट से सांझ 7:11 बजे उड़ल रहे। 7:34 बजे खराब मौसम के चलते पायलट मार्ग बदले के अनुमति मंगलस, बाकिर कुछे देर बाद विमान से रडार संपर्क टूट गइल। बाद में मलबा सिमरिया थाना इलाका के जंगल में मिलल।
बिहार के निवासी रहलें डॉ. विकास
डॉ. विकास मूल रूप से बिहार के रहे वाला रहलें, बाकिर कइयन साल से रांची में रहत रहलें। ऊ रांची सदर अस्पताल में एनेस्थीसिया विशेषज्ञ के रूप में काम करत रहलें। उनकर पत्नी एसबीआई के कचहरी शाखा में कार्यरत बाड़ी। उनकर एगो 8 साल के बेटा बा, जवना के माथा से बाप के साया उठ गइल। मेडिकल इवैक्यूएशन मिशन में डॉ. विकास सक्रिय भूमिका निभावत रहलें। उनकर असमय मौत से चिकित्सा जगत में गहिराह शोक बा।
65 प्रतिशत झुलसल मरीज के ले जाए के रहे दिल्ली
विमान में 41 साल के संजय कुमार सवार रहलें, जे 65 प्रतिशत तक झुलस गइल रहलें। लातेहार के चंदवा निवासी संजय के बेहतर इलाज खातिर दिल्ली रेफर कइल गइल रहे। परिजन आर्थिक तंगी के बादो एयर एंबुलेंस के इंतजाम कइले रहे लोग। बाकिर उम्मेद से भरल ई उड़ान उनकर अंतिम सफर बन गइल। विमान में दूगो पायलट, एगो डॉक्टर, पैरामेडिक आ दूगो अटेंडेंट सवार रहलें। हादसा में केहू जिंदा ना बचल।
गांव से रांची तक मातम
डॉ. विकास के मौत के खबर से उनकर पैतृक गांव से लेके रांची तक शोक के लहर दउड़ गइल बा। डॉक्टर आ प्रशासनिक अधिकारी लोग गहिराह दुख जतवले बा। बतावल जा रहल बा कि हादसा से एक दिन पहिलही ऊ सेना के एगो जवान के सुरक्षित एयरलिफ्ट कइले रहलें। मरीजन के जान बचावे निकलल डॉक्टर के आखिरी उड़ान अब दर्दनाक इयाद बन गइल बा।






