AI Summit Protest Case : यूथ कांग्रेस अध्यक्ष उदय भानु चिब गिरफ्तार, पुलिस अभी ले आठ आरोपियन के पकड़लस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2026

दिल्ली। एआई समिट में भइल प्रदर्शन के ममिला में दिल्ली पुलिस यूथ कांग्रेस अध्यक्ष उदय भानु चिब के गिरफ्तार कs लेले बिया। एह ममिला में ई अब तक के आठवां गिरफ्तारी हs। पुलिस बतवले बिया

Share

दिल्ली। एआई समिट में भइल प्रदर्शन के ममिला में दिल्ली पुलिस यूथ कांग्रेस अध्यक्ष उदय भानु चिब के गिरफ्तार कs लेले बिया। एह ममिला में ई अब तक के आठवां गिरफ्तारी हs।

पुलिस बतवले बिया कि सोमार के दिन उदय भानु चिब के पूछताछ खातिर बोलावल गइल रहे, ओकरा बाद में उनकर गिरफ्तारी कइल गइल। एही केस में एक दिन पहिले तीन गो आउर आरोपी- जितेंद्र यादव, राजा गुर्जर आ अजय कुमाके ग्वालियर से पकड़ल गइल रहे।

एकरा पहिले, दिल्ली पुलिस यूथ कांग्रेस के चार गो कार्यकर्ता लोगन के गिरफ्तार कs चुकल रहे। पुलिस के कहनाम बा कि ममिला के जांच जारी बा आ प्रदर्शन से जुड़ल हर पहलू के गहिराई से जांच कइल जा रहल बा।

Read Also: 24 फरवरी 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.