रांची, Jharkhand CM Hemant Soren Mine Lease Case: झारखंड हाई कोर्ट मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के लीज आवंटन ममिला में रांची के उपायुक्त छवि रंजन कावर से शपथपत्र दाखिल कइला पs फेर से नाराजगी जतवलस। चीफ जस्टिस डा रवि रंजन आ जस्टिस एसएन प्रसाद के अदालत कहलस कि रांची के उपायुक्त खुदे एगो ममिला में अभियुक्त बाड़े। नियम के मोताबिक उनका खुद के ममिला में शपथपत्र दाखिल करे के अधिकार नइखे, तs ऊ सरकार कावर से कइसे शपथपत्र दाखिल कs सकत बाड़े। अदालत मौखिक रूप से कहलस कि सरकार बढ़िया अधिकारी के शपथ पत्र दाखिल करे ला लिए चुनले बिया। जेकरा खिलाफ खुदे ममिला चल रहल बा।
अदालत संबंधित दस्तावेज मंगवलस आ कहलस कि रांची डीसी पs आपराधिक ममिलाचल रहल बा। ऊ अग्रिम जमानत पs बाड़े आ उनका खिलाफ एसीबी कोर्ट में ममिला लंबित बा। उनकर पासपोर्टो निचला अदालत में जमा बा। एह तरह के अधिकारी सरकार कावर से कवनो ममिला में कइसे शपथपत्र दाखिल कs सकत बाड़े। अदालत रांची डीसी पs लंबित ममिला आ कवना इस्थिति में अइसन कइल गइल। एकर जानकारी कोर्ट में पेश करे के निर्देश देले बा।
हेमंत सोरेन के खदान लीज आवंटन ममिला में दाखिल शपथपत्र में उपायुक्त कहले बाड़े कि सीएम से जुड़ल लीज आवंटन के ममिला में उनका जानकारी बा। एगो डीसी के सीएम आ खान विभाग के बारे में निजी जानकारी कइसे हो सकत बा। एह पs महाधिवक्ता कहले कि जवना लीज के लेके ममिला उठावल गइल बा। ओकर आवंटन के अधिकार उपायुक्त के लगे बा। एहिसे ऊ अदालत में शपथ पत्र दाखिल कइले बाड़े।
मनरेगा घोटाला में सीबीआइ के प्रतिवादी बनवला पs मंगलस जवाब
खूंटी में भइल मनरेगा घोटाला में सीबीआइ के प्रतिवादी बनवला खातिर प्रार्थी अरुण कुमार दुबे कावर से झारखंड हाई कोर्ट में हस्तक्षेप याचिका दाखिल कइल गइल। एमे कहल गइल कि मनरेगा घोटाला के लेके 16 गो प्राथमिकी दर्ज कइल गइल बा। एकर जांच में कइयन गो गड़बड़ी भइल बा। ईडी के जांच में एह घोटाला के राशि से अवैध संपत्ति अर्जित कइला के ममिला सोझा आ रहल बा। एह ममिला में खनन सचिव आइएएस पूजा सिंघल के गिरफ्तार कइल गइल। अइसन में एह ममिला के सीबीआइ जांच होखे के चाहीं। प्रार्थी एह ममिला में सीबीआइ के प्रतिवादी बनावे के मांग कइले। एह पs अदालत सरकार से जवाब मंगलस।