ड्रग्स मामिला में ममता कुलकर्णी के लेके बड़ अपडेट आइल सामने, बॉम्बे हाईकोर्ट लिहलस इs फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

  नशा से जुड़ल एगो मामिला में अभिनेत्री ममता कुलकर्णी के बहुत राहत मिलल बा। हालही में बंबई हाईकोर्ट कुलकर्णी के खिलाफ दर्ज प्राथमिकी के पूरा सबूत ना मिलला के चलते रद्द कs दिहले बा.

Share

 

नशा से जुड़ल एगो मामिला में अभिनेत्री ममता कुलकर्णी के बहुत राहत मिलल बा। हालही में बंबई हाईकोर्ट कुलकर्णी के खिलाफ दर्ज प्राथमिकी के पूरा सबूत ना मिलला के चलते रद्द कs दिहले बा. अभिनेत्री ममता एगो याचिका दायर कs के कहले रहली कि उनुका के ड्रग कांड में फंसावल जाता। उनुका याचिका के सुनवाई के बाद बंबई हाईकोर्ट एगो नाया फैसला लेके कुलकर्णी के ड्रग्स केस में बरी कs देले बा, काहेंकी प्राथमिकी में उनुका पs लागल आरोप के अलावे उनुका खिलाफ कवनो सबूत ना रहे।

बम्बई हाईकोर्ट से ममता कुलकर्णी के राहत

ममता कुलकर्णी के खिलाफ चलत 2000 करोड़ रुपिया के नशा तस्करी के मामिला हाईकोर्ट रद्द कs देले बा। अभिनेत्री पs अपना पति विक्की गोस्वामी के संगे नशा के तस्करी के आरोप लागल रहे। कोर्ट कहलस कि ममता के खिलाफ पर्याप्त सबूत नईखे। एही कारण से इs ममिला बंद बा। जस्टिस भारती डांगरे आ जस्टिस मंजुशा देशमुख के पीठ कुलकर्णी के खिलाफ ड्रग्स केस के रद्द कs देले बिया।

ड्रग्स केस में ममता कुलकर्णी बरी

बता दीं कि अभिनेत्री ममता कुलकर्णी अपना पति के साथे केन्या शिफ्ट होखे से पहिले 50 गो हिंदी फिलिमन में काम कइले रहली. अभिनेत्री के पति विक्की गोस्वामी ड्रग माफिया हवें जे नारकोटिक ड्रग्स एंड साइकोट्रोपिक सब्सटेंस एक्ट, 1985 के तहत नियंत्रित पदार्थ एफेड्रिन के निर्माण आ खरीद के कथित मास्टरमाइंड के रूप में फंसल बाड़ें। एs मामिला में अभिनेत्री के वकील साल 2018 में हाईकोर्ट में याचिका दायर कईले रहले। अभिनेत्री अपना याचिका में कहले रहली कि उनुका पs लागल सभ आरोप निराधार बा अवुरी एs मामिला में उs निर्दोष बाड़ी। अभिनेत्री अपना खिलाफ केस रद्द करे के भी मांग कईले रहली।

ममता कुलकर्णी 2016 में नशा तस्करी में फंसल रहली

ममता कुलकर्णी के शुरुआत राज कुमार आ नाना पाटेकर के 1992 के फिल्म ‘तिरंगा’ से भइल. ममता 1990 के दशक में ‘करण अर्जुन’, ‘क्रांतिवीर’, ”वक्त हमारा है’, ‘सबसे बड़ा खिलाडी’ जईसन फिलिमन में काम कईले बाड़ी। सिल्वर स्क्रीन से दूर रहल इs अभिनेत्री साल 2016 के ड्रग तस्करी के मामिला में आरोपी में से एगो रहली, जवना में 2000 करोड़ रुपिया के इफेड्रिन जब्त भईल रहे।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.