दिल्ली: तिहाड़ जेल में फेर जंग, बदला के आग में दु कैदियन पs हमला, फोन रूम में मारपीट

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

  एक बेर फेरु दिल्ली के तिहाड़ जेल में कैदियन के बीच झगड़ा हो गइल बा. अबकी बदला लेबे खातिर दू गो कैदी पs हमला भइल जवना में दुनु कैदी घवाहिल हो गइले. इs झगड़ा

Share

 

एक बेर फेरु दिल्ली के तिहाड़ जेल में कैदियन के बीच झगड़ा हो गइल बा. अबकी बदला लेबे खातिर दू गो कैदी पs हमला भइल जवना में दुनु कैदी घवाहिल हो गइले. इs झगड़ा जेल के फोन रूम में भईल। जवना में लवली आ लवीश नाम के दू गो कैदी घवाहिल हो गइल बाड़े. इs घटना शुक के भईल।

पूरा बात का बा?

लोकेश नाम के कैदी पs हमला के आरोप बा। लोकेश के भाई के हत्या के मामला में लवली अवुरी लवीश जेल में रहले। लोकेश जेल के भीतर हमला के योजना बनवले अवुरी योजना में अपना साथी हिमांश अवुरी अभिषेक के शामिल कईले।

मौका देख के लोकेश अवुरी उनुकर साथी लवली अवुरी लवीश पs हमला कs देले। ओह घरी दुनु जाना फोन पs बतियावत रहले। दुनु जने के अस्पताल में भर्ती करावल गइल. देर साँझ के अस्पताल से एक कैदी के जेल ले आवल गइल आ एगो कैदी के आजुओ अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.