[the_ad_group id="30365"]

ब्रह्मास्त्र ट्रेलर : इंतजार हो गइल ख़तम! फिल्म ‘ब्रह्मस्त्र’ के ट्रेलर रिलीज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड अभिनेता रणबीर कपूर आ उनकर पत्नी आ अभिनेत्री आलिया भट्ट दुनु के बहुप्रतीक्षित फिलिम ‘ब्रह्मस्त्र’ के ट्रेलर रिलीज हो गइल बा. आजु दुनु खातिर बहुते खास दिन बा. आ काहे ना, ई ऊ फिलिम ह जवन रणबीर आ आलिया के एक दोसरा से बान्ह दिहलसि. ई फिलिम रणबीर आ आलिया के पहिला फिलिम ह जवना के दुनु मिल के कर रहल बाड़े. प्रशंसको एह फिलिम के ट्रेलर के बेसब्री से इंतजार करत रहले. आखिरकार ई इंतजार अब खतम हो गइल बा. एह फिलिम से रणबीर कपूर आ आलिया भट्टो बहुते उत्साहित बाड़ी. त आईं देखल जाव कि फिलिम के कहानी कईसन बा आ का खास बा फिलिम के ट्रेलर में…

अयन मुकेर्जी के निर्देशन में बनल ‘ब्रह्मास्त्र’ पौराणिक कथा पर आधारित बा. फिल्म के शुरुआत उत्साह से भरल बा. जवना में अमिताभ बच्चन के आवाज चार चाँद बनवले बा। एकरा संगे-संगे रणबीर कपूर के झलक से शुरू भईल इ ट्रेलर दर्शक के हंस-हंस देवे खाती काफी बा।

फिल्म में अस्त्रन के चर्चा इतिहास के कहानी के झलक देत बा। एकर कहानी महाबली आ हथियार में सर्वशक्तिमान हथियार के खोज के इर्द-गिर्द घूमत बा। अयन मुकेर्जी के निर्देशन में बनल एह फिलिम में प्रेम, रोमांस, थ्रिलर का साथे सस्पेंस के मजबूत मिश्रण बा.

ट्रेलर में अस्त्र के भगवान के जिक्र बा

फिल्म में हथियार के देवता यानी ‘ब्रह्मस्त्र’ के शक्ति के चर्चा कईल गईल बा। एकरा साथे एह फिलिम के देखे वाला दर्शकन के ‘ब्रह्मस्त्र’ के शक्तियन के एहसास करावे के कोशिश कइल गइल बा. एह विस्फोटक ट्रेलर के देख के अंदाजा लगावल जा सकेला कि एह फिलिम में रणबीर कपूर आ आलिया भट्ट आपन जान दे दिहले बाड़न.

युवक के किरदार में रणबीर कपूर

ट्रेलर से दर्शकन के एह बात के जानकारी दिहल गइल बा कि एह फिलिम में रणबीर कपूर शिव नाम के एगो नवही के किरदार करत बाड़न जे ‘ब्रह्मस्त्र’ के शक्तियन से अनजान बा. रणबीर तक एह बात से अनजान लागत बा कि ऊ ब्रह्मास्त्र के भाग्य हउवें, सिकंदर. एकरा से साफ बा कि रणबीर ही ब्रह्मास्त्र के भाग्य बदल सकतारे।

दर्शकन के रणबीर-आलिया के केमिस्ट्री बहुते नीक लागी

रणबीर आ आलिया के जबरदस्त केमिस्ट्री भी ट्रेलर में देखावल गइल बा। जवन दर्शकन के खूब मनोरंजन करे वाला बा. आलिया के देख के रणबीर पहिला नजर में दिल दे देलें। तब अचानक आलिया के रणबीर के शक्तियन के बारे में पता चल जाला। जब हाथ में आग लागला के बादो आग ना जरेला। एकरा बाद अभिनेता आलिया से कहेला कि ओकर आग से गहिराह संबंध बा।

एह सेलेब्रिटियन के ट्रेलर में अमिताभ बच्चन का साथे देखल गइल

एकरा संगे-संगे ए फिल्म में बॉलीवुड के मेगास्टार अमिताभ बच्चन अवुरी साउथ के सुपरस्टार नागार्जुन भी मुख्य भूमिका में देखाई देतारे। दुनु के ट्रेलर में जबरदस्त तरीका से देखावल गइल बा. एकरा अलावे मौनी राय के भी अहम भूमिका बा। फिल्म के ट्रेलर देख के दर्शकन के फिल्म के पूरा कहानी के अंदाजा हो जाई. फिलहाल सेलेबस के फैंस के ए फिल्म के रिलीज खाती तनिका अवुरी इंतजार करे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]