[the_ad_group id="30365"]

रामोजी फिल्म सिटी के संस्थापक Ramoji Rao के निधन, हैदराबाद के अस्‍पताल में चलत रहे इलाज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ramoji Rao Death: ईनाडु आ रामोजी फिल्म सिटी के संस्थापक रामोजी राव के आज सुबह हैदराबाद तेलंगाना में 87 बरिस के उम्र में निधन हो गइल। हैदराबाद के स्टार अस्पताल में इलाज के दौरान रामोजी राव के मृत्‍यु हो गइल। उऽ सुबह 345 बजे अंतिम सांस लेले। पिछला कुछ दिनन से स्‍वास्‍थ्‍य खराब रहला के चलते अस्‍पताल में भर्ती रहले।

रिपोर्ट्स के मुताबि‍क, रामोजी राव के पार्थिव शरीर के रामोजी फिल्म सिटी स्थित उनका आवास पs ले जाए की तैयारी चल रहल बा, जहवां परिवार, मित्र आ करीबी लोग दिवंगत आत्मा के अंतिम श्रद्धांजलि देले।

भाजपा नेता जतवले शोक

तेलंगाना भाजपा प्रमुख आ पार्टी सांसद जी किशन रेड्डी रामोजी राव के निधन पs शोक व्यक्त कइले। उऽ एक्‍स पोस्‍ट में कहले, रामोजी राव गारू के निधन से दुखी बानी। तेलुगु मीडिया आ पत्रकारिता में उनकर उल्लेखनीय योगदान सराहनीय बा। उनका परिवार के सदस्यन के प्रति हमार संवेदना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]