[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान एटीएस अउर SOG करेगी रेलवे ब्रिज पर ब्लास्ट के जांच, CM गहलोत दिहलें निर्देश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान पुलिस के आतंकवाद निरोधी दस्ता अउर एसओजी के टीम मंगर से उदयपुर-अहमदाबाद रेलवे ट्रैक विस्फोट के जांच शुरू करी। मुख्यमंत्री अशोक गहलोत सोमार देर रात गृह विभाग के अधिकारियन के साथ बैठक कइलें। जेमें ऊ रेल पुल पर विस्फोट के जांच एटीएस अउर एसओजी के सौंपे के निर्देश दिहलें।

 

अधिकारी लोग बतवलें कि अतिरिक्त पुलिस महानिदेशक (एटीएस-एसओजी) अशोक राठौर के नेतृत्व में एक टीम घटना के जांच खातिर मंगर के उदयपुर पहुंची। राष्ट्रीय जांच एजेंसी (NIA) अउर राष्ट्रीय सुरक्षा गार्ड (NSG) के टीम सोमार के विस्फोट स्थल के दौरा कइलें अउर सबूत एकट्ठा कइलें। पुलिस सूत्रन के कहनाम बा कि आतंकवाद अउर नक्सलवाद सहित सभी एंगल से मामिला के जांच कइल जा रहल बा। सोमार के ट्रैक के ठीक कs के रेल सेवा बहाल कs दीहल गइल रहे।

उत्तर पश्चिम रेलवे के एगो प्रवक्ता सोमार के जयपुर में बतवलें कि एटीएस के एक टीम अतवार रात 11 बजे साइट के मंजूरी दीहलें जेकरे बाद रेलवे इंजीनियर लोग ट्रैक के मरम्मत कइल अउर एके सुबह 3.30 बजे ट्रेन के आवाजाही खातिर फिट घोषित कइलस। ट्रैक ठीक होखे खातिर बाद में असरवर-उदयपुर एक्सप्रेस के संचालन कइल गइल बा। ट्रेन दूपहर 12.30 बजे उदयपुर रेलवे स्टेशन पर पहुंचल।

ग्रामीणन के सजगता से बड़ साजिश नाकाम

बता देईं कि अतवार के उदयपुर जिला के जवार अउर खावर चंदा के बीच एगो पुल पर उदयपुर-अहमदाबाद रेलवे ट्रैक पर विस्फोट कइल गइल बा। हालांकि, ग्रामीणन के सजगता से बड़ साजिश नाकाम हो गइल। ग्रामीण विस्फोट के आवाज सुन के रेलवे ट्रैक पर पहुंचल। जहां ऊ देखलें कि रेलवे लाइन पर बारूद पड़ल बा। एकरे सथही लोहा के पटरी जगह से टूटल रहे। पुल पर लाइन से नट-बोल्ट भी गायब मिलल। जेकरे बाद ऊ पुलिस के सूचना दीहलस। धमाका से करीब चार घंटा एह ट्रैक से ट्रेन गुजरल रहे। सूचना पर रेलवे ट्रैक पर गाडी अइले से रोक दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]