गोरखपुर में बरखा लवटवलस ठंड के सितम : 9 डिग्री तक गइल तापमान, कोहरा के बीच विजिबिलिटी 50 मीटर तक सीमित
गोरखपुर में बीतल तीन दिनन तक धूप खिलला से लगातार तापमान में बढ़न्ती होत रहे। अइसन में मौसम सामान्य हो गइल रहे, बाकिर अतवार के दुपहरिया बाद भइल बरखा एक बेर फेर ठंड के सितम के लवटा देले बा। अतवार के जहां अधिकतम तापमान 20 डिग्री सेल्सियस रहे तs ओहिजा सोमार के ई घटके 16 डिग्री पs आ गइल।
न्यूनतम तापमान में सात डिग्री के कमी आइल बा आ ई सात डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल। हालांकि, मौसम विभाग पहिलही दु दिनन तक मौसम खराब होखे के अलर्ट जारी कइल गइल रहे। पश्चिमी विक्षोभ के सक्रियता के चलते मंगर तक बूंदाबांदी हो सकत बा। तापमान गिरे के वजह से कोहरा आ गलन के प्रकोप सुरू हो गइल बा। सोमार के सबेरे विजिबिलिटी 50 मीटर रहल। शहरी इलाकन में 11 बजे तक सूरज के दर्शन ना भइल। अइसन में लोगन के फेर एगो बार अलाव और हीटर का सहारा लेना पड़ रहा है।
क्षोभमंडल में चल रहल बा जेट स्ट्रीम हवा
मौसम विभाग के मोताबिक उत्तर भारत के ऊपरी क्षोभमंडल में तेज रफ्तार से जेट स्ट्रीम हवा चल रहल बा। एकरा वजह से पश्चिमी विक्षोभ के प्रबलता मिल रहल बा। एकरा वजह से, मंगर तक पूर्वांचल में मौसम खराब रहला के संभावना बा। सोमार के सबेरे से बादल छवले बा। दिन के समय 50 से 60 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चल सकत बा।
सोमार के देखे के मिली असर
मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार बतवलें कि एगो आउर पश्चिमी विक्षोभ सनीचर से सक्रिय बा। एकर असर गोरखपुर समेत पूर्वांचल के हिस्सन में देखे के मिल रहल बा। नतीजा, दिन में बादल छाइल रहला के संगे गरज आ चमक के संगे बौछारें पड़ला के संभावना बा। मंगर के एकर असर देखे के मिली।
1 फरवरी के सक्रिय भइल रहे विक्षोभ
एह दौरान कुछ स्थानन पs बरखा होखला के संगे तेज हवा चली। एकरा बाद आसमान साफ रहला के अनुमान बा। 1 फरवरी के एगो आउर पश्चिमी विक्षोभ के चलते मौसम में बदलाव के असर देखे के मिलल रहे। सोमार के तापमान के बात कइल जाव तs दिन के न्यूनतम तापमान नौ डिग्री जबकि अधिकतम तापमान 16 डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल। मौसम में 85 फीसदी नमी बनल बा।
Comments are closed.