मौसम: दिल्ली, यूपी आ उत्तराखंड समेत देश के कई राज्यन में बरखा, जान लीं कि आजु मौसम कइसन रही

Minee Upadhyay

मौसम: दिल्ली, यूपी आ उत्तराखंड समेत देश के कई राज्यन में बरखा, जान लीं कि आजु मौसम कइसन रही

उत्तर भारत में मौसम तेजी से बदल रहल बा। दिल्ली, उत्तर प्रदेश अउरी उत्तराखंड समेत देश के बहुत राज्य में भईल बरखा के चलते लोग के गर्मी से राहत मिलल बा, जबकि किसान के फसल के नुकसान भईल बा। आजु के मौसम कइसन होई जानी –

उत्तर भारत में मौसम तेजी से बदल रहल बा। दिल्ली-एनसीआर, उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंड समेत देश के कई शहरन में बरखा भइल बा| बरखा के संगे ओला से भी फसल के नुकसान पहुंचल बा।

 

दिल्ली में बरखा हो रहल बा

आजु दिल्ली के मौसम में अचानक आइल बदलाव के चलते बहुते इलाका में हल्का बरखा देखल गइल | एकरा अलावे नोएडा में भी बरखा भईल बा। बरखा के चलते लोग के गर्मी से राहत मिलल बा। तापमान में भी गिरावट दर्ज भइल बा।

 

उत्तराखंड में हल्का बारिश अउर बर्फबारी

उत्तराखंड में हल्का बरखा अउरी बर्फबारी के चलते पहाड़ पे ठंढा वापस आ गईल बा। अधिकतर इलाका में तापमान में गिरावट दर्ज भइल बा | राजधानी देहरादून समेत राज्य के अधिकांश इलाका में आजु सबेरे से बरखा जारी रहल।

 

उत्तर प्रदेश में बरखा हो रहल बा

उत्तर प्रदेश के आगरा समेत कई जिला में शुक्रवार के भईल बरखा के चलते लोग के गर्मी से राहत मिलल। शहर के कई इलाका में हल्का मध्यम बरखा भइल जवना से तापमान में मामूली गिरावट आइल| मौसम विभाग के कहना बा कि अगिला तीन दिन ले बादल छाई आ बरखा रही|

एक ओर जहां बरखा के चलते लोग के गर्मी से राहत मिलल बा, उहाँ किसान के चिंता भी बढ़ गईल बा। शुक्रवार के भी दिन भर बादल छाइल रहे। बताईं एह घरी आलू बा। सरसों के फसल भी पाकल अउरी तैयार हो गईल बा, लेकिन बरखा के चलते किसान के उम्मीद पे बड़ झटका लाग सकता। किसान लोग के कहनाम बा कि बरखा होई त खेत में ही आलू सड़ जाई। सरसों के दाना भी टूट के जमीन पे गिर जाई। एकरा से हमनी के बहुत नुकसान होई। हमनी के फसल नष्ट हो जाई, सब मेहनत बेकार हो जाई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।