[the_ad_group id="30365"]

Flight में कंसोल पs गुजिया आ कॉफी के संगे होली पड़ल महंगा, अब 2 पायलट भइले लो सस्पेंड, जानीं पूरा ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

होली के त्योहार सबका खातिर खुशियन के लेके आवे, अइसन कामना कइल जाला बाकिर कवनो परिस्थिति में ई सब सुभकामना तबे काम आवेला जब व्यक्ति आपन काम जिम्मेदारी से करे। गैर-जिम्मेदारा रवैया अपना संगे खाली परेसानियन के लेके आवेला। खास कs के तब जब रउआ कइयन जिंदगियन के लेके चल रहल बानी। फ्लाईट ऑपरेशन के दौरान लापरवाही बरतला के आरोप में दु पायलटन के सर्विस से हटा दिहल गइल बा।

डेक के सेंटर कंसोल के ऊपर रखल रहे कोल्ड ड्रिंक्स आ गुजिया 

असल में, ई घटना पिछला बुध के दिल्ली-गुवाहाटी फ्लाइट में भइल रहे। जवन बहुते खतरनाक मोड़ ले सकत रहे। पायलट लोग फ्लाइट डेक के सेंटर कंसोल के ऊपर अइसन लापरवाही देखवलस जवना के केहूओ सोच ना सकत रहे। ऊ कंसोल के ऊपर कोल्ड ड्रिंक के एगो कप रख देले रहे। एकर तस्वीर जब इंटरनेट पs आइल तs सनसनी मच गइल।

वायरल हो गइल तस्वीर, कइल जाई कार्यवाही  

तस्वीर सामने अइला के संगही वायरल हो गइल। बता दीं कि कॉकपिट के भीतर बढ़िया तरे खाये पीये के खेयाल राखे के होला। सब तरे के निरदेस के कड़ाई से पालन करे के होला। अइसन ना कइला पs सख्त कार्यवाही के नियम बा। एह लापरवाही के नुकसान अब दुनो पायलटन के उठावे के पड़ल बा, दुनो के सस्पेंड कs दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]