होली : यात्रियन के सहूलियत खातिर रेलवे चलाई छपरा-गोमतीनगर होली स्पेशल ट्रेन चली, 21 से 28 मार्च तक चार फेरन में दउड़ी ट्रेन

प्रतिकात्मक तस्वीर।

Share

होली पs छपरा आवे वाला लोगन खातिर जरूरी खबर बा। रेलवे प्रशासन यात्री जनता के सुविधा खातिर ट्रेन संख्या 05012/05011-छपरा-गोमतीनगर होली विशेष गाड़ी के संचालन गोमतीनगर से 21, 23, 25 आ 27 मार्च, 2024 के आ छपरा से 22, 24, 26 आ 28 मार्च, 2024 के चार फेरन खातिर पहिले में जारी कइल गइल रहे। एह गाड़ी के रतन सराय स्टेशन पs अतिरिक्त ठहराव कइल गइल बा।

05012 गोमतीनगर-छपरा होली विशेष गाड़ी रतन सराय स्टेशन पs 22.12 बजे पहुंचके 22.14 बजे छूटी। वापसी यात्रा में 05011 छपरा-गोमतीनगर होली विशेष गाड़ी रतन सराय स्टेशन पर 07:23 बजे पहुंचकर 07:25 बजे छूटेगी।

ई जानकारी रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार देले बाड़ें। ट्रेन के बारे ऊ बतवलें कि होली पs यात्रियन के भीड़ होला के चलते रेलवे कावर से सब रुट परs विशेष ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। यात्रियन के अपना गंतव्य स्थल पs पहुंचे में सहूलियत प्रदान होखे, एही क्रम में छपरा से गोमती नगर खातिर पहिले से चल रहल ट्रेन के होली विशेष के रूप में संचालित कइल जा रहल बा। छपरा से थावे कप्तानगंज गोरखपुर के रास्ते गोमतीनगर तक ट्रेन के संचालन होई। जवना से यात्रियन को विशेष सहुलियत मिली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-