[the_ad_group id="30365"]

रेलवे: अब 15 हजार से कम आय वाले स्टेशन पर नाइ रुकी एक्सप्रेस ट्रेन, रेलवे बोर्ड बदललस नियम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जौने स्टेशन पर टिकट से रोजाना के कमाई 15 हजार रुपया होई, एक्सप्रेस ट्रेन के स्टॉपेज अब उहवें पर होई। अभिन आय के सीमा पांच हजार रुपया रहल। हालांकि, पहिले से जौने ट्रेन के स्टॉपेज तय बा, उहाँ ई नियम लागू नाइ होई।
दरअसल, एक स्टेशन पर ट्रेन के रोकले पर करीब 25 हजार रुपया खर्च होला, जेमें बिजली, डीजल, कर्मचारियन के तनखाह, साफ-सफाई, यात्री सुविधा आदि के खर्च शामिल बा। कई जनप्रतिनिधि कम आय वाले स्टेशन पर भी ट्रेन के स्टॉपेज शुरू करे के दबाव बनावेने। रेल मंत्रालय एके संज्ञान में लेके स्टॉपेज भी तय कs देला। लेकिन, अब अइसन नाइ हो पाई।

जहवाँ रोजाना 15 हजार से कम आय होई, उहां स्टॉपेज के सिफारिश के रेलवे बोर्ड संज्ञान में नाइ लेईं। हालांकि, आदेश जारी होखे ले जौने स्टेशन पर ट्रेन के ठहराव बा, उ यथावत रहिहें। रेलवे बोर्ड के उप निदेशक कोचिंग विवेक कुमार सिन्हा एह संबंध में आदेश जारी कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]