रेलवे स्टेशन: अब यात्रीयन के लखनऊ-गोरखपुर समेत छह रेलवे स्टेशन पे हाई स्पीड इंटरनेट के संगे वीडियो गेम के आनंद लेवे के मौका मिली, मात्र एतना रुपिया देवे के होई

Share

रेलवे स्टेशन: अब यात्रीयन के लखनऊ-गोरखपुर समेत छह रेलवे स्टेशन पे हाई स्पीड इंटरनेट के संगे वीडियो गेम के आनंद लेवे के मौका मिली, मात्र एतना रुपिया देवे के होई

रेलवे स्टेशन पे हाई स्पीड इंटरनेट सेवा के बाद अब यात्री वीडियो गेम के भी मजा ले सकेले। एकरा खातीर गोरखपुर, लखनऊ, बस्ती, गोंडा, ऐशबाग अवुरी बादशाहनगर में गेमिंग मशीन लगावल जाई।

उत्तर प्रदेश के रेलवे स्टेशन पे हाई स्पीड इंटरनेट सेवा के बाद अब यात्रीयन वीडियो गेम के भी आनंद ले सकेलें। एकरा खातिर गोरखपुर, लखनऊ, बस्ती, गोंडा, ऐशबाग, आ बादशाहनगर में गेमिंग मशीन लगावल जाई| प्रति खेल के किराया 10 रुपया तय कईल गईल बा।

गोरखपुर जंक्शन पे 10 गो, लखनऊ जंक्शन पे 6 गो, बस्ती, गोंडा, ऐशबाग आ बादशाहनगर में एक-एक गो गेमिंग मशीन लगावल जाई| ई वीडियो गेम मशीन प्रमुख स्टेशन लोकेशनन पे लगावल जाई | जवना खातिर हर स्टेशन पे 10 वर्ग फीट जमीन के निशान लगावल जा रहल बा। जानकारी के मुताबिक मशीन लगावे के ठेका सुल्तानपुर के एगो एजेंसी के दिहल गईल बा। जल्दिये मशीन लगावे के प्रक्रिया शुरू हो जाई। एकरा संगे लखनऊ मंडल प्रशासन ए मशीन लगावे के अनुमति दे देले बा।

ए मामला में सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह कहले कि यात्रियन के सुविधा के ध्यान में राखत लखनऊ संभागीय प्रशासन 6 रेलवे स्टेशन पे गेमिंग मशीन लगावे के अनुमति दे देले बा।

साभार- हिंदुस्तान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-