[the_ad_group id="30365"]

UP News: आंगनबाड़ी कार्यकर्ता लोगन के 52 हजार रिक्त पदन पs भर्ती के रास्ता साफ, EWS के मिली आरक्षण के लाभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बाल विकास परियोजना कार्यक्रम के अंतर्गत आंगनबाड़ी आ मिनी आंगनबाड़ी कार्यकर्ता आ सहायिका लोगन के 52 हजार पदन पs भर्ती के रास्ता साफ हो गइल बा। एह भर्ती में आर्थिक रूप से कमजोर वर्ग (ईडब्लयूएस) के आरक्षण के लाभ मिली।

शासन एह पदन पs नियुक्ति खातिर चयन प्रक्रिया के पुनर्निर्धारण करत आदेस जारी कइल गइल रहे। शासन जनवरी 2021 में 52 हजार पदन के भर्ती निकलले रहे। ओह समय चयन प्रक्रिया में ईडब्ल्यूएस आरक्षण के प्रावधान नइखे कइल गइल रहे। नतीजतन ममिला कोर्ट में गइल आ अभी तक भर्ती फंसल रहे।

मंगर के विभाग के सचिव अनामिका सिंह नया शासनादेश जारी कइलें। एमे एससी, एसटी, ओबीसी, दिव्यांग आ स्वतंत्रता संग्राम सेनानी के आश्रितन के संगे-संगे ईडब्ल्यूएस खातिर आरक्षण के प्रावधान कs दिहल गइल बा। अब ईडब्ल्यूएस वर्ग के अभ्यर्थियन के भर्ती में 10 प्रतिशत आरक्षण मिल सकी। एह से दु साल से अटकल भर्ती प्रक्रिया सुरू करे के रास्ता साफ हो गइल बा।

फेर ना फंसे पेच:

चयन समिति में पूर्व में निर्धारित सदस्यन के संगे बाल विकास परियोजना अधिकारी के सदस्य/प्रस्तुतकर्ता बनावल गइल बा। पहिले एकरा के एहमे सामिल ना कइल गइल रहे। जबकि केंद्र के गाइडलाइन के मोताबिक चयन समिति में एकरा संगही बीडीओ आ तहसीलदार के सामिल कइल जाये के चाहीं। अइसन ना होखला से एक बेर फेर भर्ती में पेंच फंस सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]