Punjab Bandh: 221 ट्रेन प्रभावित, 157 रद्द, कईयो के बदलल रूट, पंजाब बंद के चलते रेलवे सेवा बाधित

Minee Upadhyay
पंजाब बंद

पंजाब के किसान आजु बंद के गोहार लगवले बाड़े. बंद के असर भी देखाई देवे लागल बा। कई शहर में किसान सड़क पs उतर गईल बाड़े। किसान हड़ताल के चलते आज 221 ट्रेन प्रभावित भईल बाड़ी।157 ट्रेन रद्द हो गईल, जबकि 50 ट्रेन के टाइमिंग में बदलाव कईल गईल बा। 

पंजाब सबेरे 7 बजे से शाम 4 बजे तक बंद रहे
पंजाब बंद के चलते सड़क मार्ग अवुरी ट्रेन के आवाजाही पs काफी असर पड़ता। बंद के घोषणा सबेरे 7 बजे से शाम 4 बजे ले लागू बा। पंजाब नौ घंटा ले बंद रही। एह दौरान लोग के जरूरी सुविधा ना मिल पाई।

कई ट्रेनन पs पंजाब बंद के असर

एs दौरान रेलवे बहुत ट्रेन के रद्द कs देले बिया। एकरा अलावे ट्रेन के रूट भी डायवर्ट कs दिहल गईल बा। एकरा चलते ट्रेन से यात्रा करेवाला लोग के आज बहुत समस्या के सामना करे के पड़ता।

पंजाब बंद के चलते आज 221 ट्रेन प्रभावित  

*157 गो ट्रेन रद्द हो गइल बा

*14 गो ट्रेन के समय बदल दिहल गइल बा

*50 ट्रेन के टाइमिंग में बदलाव भईल बा

पीआरटीसी रोडवेज सर्विस पंजाब बंद के समर्थन करेले

ट्रेन में रुकावट के बीच रोडवेज पीआरटीसी पंजाब बंद के भी आपन समर्थन बढ़ा देले बिया। किसान के कुछ व्यापारिक संगठन के सहयोग भी मिलल बा, जवना के चलते साँझ चार बजे ले दूध, फल अवुरी सब्जी के आपूर्ति ना होई। 

पंजाब में सबेरे 7 बजे से साँझ 4 बजे ले बंद बा

समयुक्त किसान मोर्चा (एसकेएम) (गैर-राजनीतिक) अवुरी किसान मजदूर मोर्चा केंद्र सरकार के ओर से विरोध प्रदर्शन करेवाला किसान के मांग के ना मानला के बाद पछिला सप्ताह बंद के आह्वान कईले रहे। एकरा तहत सोमार के सबेरे 7 बजे से साँझ 4 बजे ले बंद रही।

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment