Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पी. चिदम्बरम के बेटा पर सीबीआई के कार्रवाई : 7 लोकेशन पर छापामारी

कार्ति के ताना, कहली - हम भुला गईल बानी कि केतना बेर अयीसन भईल बा

152

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता आ पूर्व वित्त मंत्री पी. चिदम्बरम के बेटा कार्ति चिदम्बरम के 7 लोकेशन प सीबीआई छापामारी कईले बिया। दिल्ली, मुंबई, चेन्नई अवुरी तमिलनाडु में चिदंबरम के कार्यालय अवुरी घर प कार्रवाई चलता। सूत्र के मुताबिक, सीबीआई कार्ति चिदम्बरम के खिलाफ कथित तौर प विदेशी निवेश के आरोप में इ कार्रवाई कईले बिया। जांच जारी बा।

ए कार्रवाई के बाद कार्ति चिदम्बरम ट्वीट कईले। कहलन कि ई (सीबीआई के कार्रवाई) केतना बेर भइल बा, हम गिनती भुला गइल बानी. एकर रिकार्ड होखे के चाहीं. हमनी के बताईं कि सीबीआई ए मामला में 2010-2014 के बीच एगो नाया मामला दर्ज कईले बिया। एही मामला में आज के कार्रवाई भईल बा।

सीबीआई के अधिकारी गेट कूद के घर में ढुकले

दिल्ली में पी चिदम्बरम के घर के गेट बंद होखला के चलते केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) के अधिकारी गेट कूद के अंदर घुस गईले। उनुका खिलाफ सीबीआई लुक आउट नोटिस जारी क देले बिया। एकरा संगे-संगे मुंबई में कांग्रेस नेता कार्ति चिदम्बरम के तीन जगह के तलाशी लिहल गईल। एह दौरान भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल।

मनी लांड्रिंग से जुड़ल मामला बा

मनी लांड्रिंग से जुड़ल इ मामला साल 2007 के ह अवुरी इ आईएनएक्स मीडिया कंपनी से जुड़ल बा। एकर निर्देशक शीना बोरा हत्या के आरोपी इंद्रनी मुकेर्जेआ अवुरी उनुकर पति पीटर मुकेर्जेआ रहली। ए मामला में दुनो लोग आरोपी भी बाड़े। आरोप के मुताबिक पी. चिदंबरम ओ समय वित्त मंत्री रहत घरी आईएनएक्स मीडिया हाउस के 305 करोड़ रुपया के घूस लेले रहले। 100 करोड़ रुपया के फंड लेवे खाती विदेशी निवेश संवर्धन बोर्ड के मंजूरी दिहल गईल।

एयरसेल-मैक्सिस सौदा में भी आरोपी

एह प्रक्रिया में जवन कंपनियन के फायदा भइल ऊ चिदम्बरम के सांसद बेटा कार्ति चलावत बाड़े. ए मामला में सीबीआई 15 मई 2017 के मामला दर्ज कईले रहे। एकरा संगे-संगे 2018 में ईडी मनी लांड्रिंग के मामला भी दर्ज कईले रहे। चिदम्बरम एयरसेल-मैक्सिस के सौदा में भी आरोपी बाड़े। कार्ति प इंद्रनी के कंपनी के खिलाफ टैक्स केस के निपटारा खाती अपना पिता के हैसियत के इस्तेमाल करे के आरोप भी बा।

मार्च 2018 में इंद्रनी मुकेर्जेआ एगो बयान जारी क सीबीआई से कहले रहली कि उ अवुरी कार्ति चिदम्बरम एफआईपीबी से आईएनएक्स मीडिया के मंजूरी लेवे खाती 10 लाख डॉलर के सौदा कईले बाड़े। एकरा बाद जुलाई 2019 में दिल्ली हाईकोर्ट शीना वोरा हत्या के मामला में मुख्य आरोपी इंद्रनी के आईएनएक्स मामला में मुख्य गवाह बनावे प सहमत भईल रहे।

पी. चिदम्बरम 106 दिन बाद जेल से बाहर आईल रहने

एकरा बाद पूर्व वित्त मंत्री पी. चिदम्बरम के आईएनएक्स मनी लांड्रिंग मामला में 21 अगस्त के सीबीआई गिरफ्तार कईले रहे अवुरी ओकरा बाद 16 अक्टूबर के एही मामला में ईडी के गिरफ्तार क लिहल गईल रहे। 4 दिसंबर 2019 के सुप्रीम कोर्ट से उनुका जमानत मिलल रहे। ईडी मामला में भी सुप्रीम कोर्ट पी चिदम्बरम के जमानत दे देले बा। उ 106 दिन तक तिहार जेल में रहले।

252370cookie-checkपी. चिदम्बरम के बेटा पर सीबीआई के कार्रवाई : 7 लोकेशन पर छापामारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.