[the_ad_group id="30365"]

झारखंड में ED के छापा, मिलल AK-47 : CM सोरेन के करीबी प्रेम प्रकाश के घर के तिजोरी में रखल रहे दू ठो AK-47, 16 ठिकाना पर पड़ल रेड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड में खनन घोटाला में बुधवार के 16 ठिकानन पर ED के रेड चल रहल बा। CM हेमंत सोरेन के करीबी प्रेम प्रकाश के रांची स्थित ठिकाना पर छापा मारल गइल। प्रेम प्रकाश के घर तिजोरी से 2 एके-47 राइफल बरामद कइल गइल बा। एकर तस्वीर सामने आईल बा। प्रेम प्रकाश के पुरान दफ्तर पर भी छानबीन जारी बा। ई ऑफिस पिछले कुछ दिनों से बंद बा। प्रेम प्रकाश के 11 ठिकाना पर रेड जारी बा।

प्रेम प्रकाश के झारखंड के राजनीति में मजबूत पैठ मानल जात रहल। एसे पहिलहू ईडी प्रेम के पूछताछ खातिर बुलवलें रहे। हालांकि, कुछ घंटा सवालात के बाद ED ओनके छोड़ देहलस।

प्रेम प्रकाश के कई करीबी CA लोग के घर भी भइल छापेमारी

एह कारवाही के एतना सीक्रेट रखल गइल रहे कि स्थानीय पुलिस के भनक ले नाइ लागे देहल गईल रहे। ED रांची में CA एमके झा, यस एंड कंपनी के चार्टर्ड अकाउंटेंट अनीता कुमारी के घर भी कागज खंगाल रहल बिया। लालपुर के जतिन चंद्रा रोड स्थित सिंह अपार्टमेंट में अनीता कुमारी के 1-A नंबर में फ्लैट बा, एहमें भी छापा जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]